गंगापुर मे भईल आगलागी से लाखो के नोक्सानी

गंगापुर मे भईल आगलागी से लाखो के नोक्सानी

प्रभु यादव

बारा ०३ माघ

कलैया उपमहानगरपालिका वार्ड नं. ३ गंगापुर मे भईल आगलागी से लाखो के नोक्सानी भईल बा ।

कलैया उपमहानगरपालिका गंगापुर तालिम केन्द्र के ५० मिटर दक्षिण मे रहल द्वारिका साह कानु के गोठ मे आगलागी भईल बा ।

गोठ मे आगलागी भईला पर गर्भ अवस्था के एक गाई, दु गो गाई के बछरु, चार गो बकरी आ २ गो खसी करके करिब सात लाख के नोक्सानी भईल जगदिस साह बतवले बानी ।

हरेक दिन गोठ मे सुतेवाला द्वारिका साह काल्हु रात अस्वस्थ भईला पर अस्पताल मे चेकजाँच करावे खातिर जेठ बेटा जगदीश साह के साथे चेकजाँच कराके अबेर रात घर फिर्ता भईला पर थकान से घरे सुतला से गोठ के घटना जानकारी होखे ना सकल साह के छोट बेटा राजदेव साह जानकारी देहनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।