श्रोत ना खुलल रोपेया सहित एक पकडईलें
श्रोत ना खुलल रोपेया सहित एक पकडईलें

रौतहट ०६ माघ
सशस्त्र प्रहरी सीमा सुरक्षा पोस्ट बंकुल श्रोत ना खुलल करिब ६ लाख नेपाली रोपेया सहित एक जने के पकडले बा । सशस्त्र पुलीस भारत ओरी जाए लागल समय परोहा नगरपालिका–८ के दिनेशप्रसाद कुशवाहा के ५ लाख ९४ हजार रोपेया सहित शुक के सँझिया पकडल गईल शसस्त्र प्रहरी के एसपी माधव रेग्मी जानकारी देहनी ।
बौधीमाई नगरपालिका–७ छोटी भन्सार होत भारत ओरी जा रहल बाग्मती प्रदेश ०२–०३८ प–५८६७ नम्बर के मोटरसाइकल चेकजाँच कईला पर १ हजार के ३४२ आ ५ सय के ५०४ थान करके ५ लाख ९४ हजार रोपेया बरामद भईल एसपी रेग्मी बतवनी ।
बरामद रोपेया, मोटरसाइकल सहित कुशवाहा के जरुरी कारबाही के खातिर भन्सार कार्यालय गौर मे बुझावल गईल सशस्त्र पुलीस जनवले बा । कुछ समय से सीमाक्षेत्र मे श्रोत ना खुलल रोपेया के ढुवानी होत आईल बा ।






