राममन्दिर उदघाटन के खुशीयाली मे वीरगंज बनल ‘श्रीराममय’
राममन्दिर उदघाटन के खुशीयाली मे वीरगंज बनल ‘श्रीराममय’

वीरगंज ०७ माघ
भारत के अयोध्या मे करिब पाँच सय बरीस के बाद नवनिर्मित श्रीराम मन्दिर के सोमार के दिने होखेवाला उदघाटन के खुशीयाली मनावे खातिर कईल तईयारी से वीरगंज पनि भगवान ‘श्रीराममय’ बनल बा । अयोध्या के नवनिर्मित श्रीराम मन्दिर के सोमार के दिने उदघाटन सँगे भगवान राम आ सीता के मूर्ति प्राण प्रतिष्ठा भी होखे जा रहल बा ।
एहितरे लक्षित करके वीरगंज महानगर मे रहल हरेक मठमन्दिर के सजाके आकर्षक बनावल गईल बा । मुख्य बजार क्षेत्र के सडक के साथे घरघर मे ‘जय श्रीराम’ लिखल गईल भगवा रंग के झण्डा आ ध्वजापत के झुण्ड्यावल गईल बा । एहितरे बजार क्षेत्र के मुख्य मुख्य चोक मे भगवान श्रीराम के तस्बिर सहित के बडका बडका ब्यानर राखेके साथे देवालसब मे श्रीराम कथा वर्णन के चित्रसब भी बनावल गईल बा ।
महानगर के हरेक घरघर मे सोमार के सँझिया दीया बारके दीपावली भी मनावेके तईयारी मे महानगरबासी स्वस्फूर्त रुप मे जुटल बाडन ।
वीरगंज के मुख्य धार्मिकस्थल, प्रसीद्ध शक्तिपिठ माईस्थान के गहवामाई मन्दिर प्राङगण मे सोमार के सँझिया १ लाख २५ हजार गो दीयो बारके भव्य दीप प्रज्वलन कार्जक्रम भी राखल गईल कार्जक्रम के संयोजक सन्जय सर्राफ जानकारी देहनी । दीप प्रज्वलन सँगे महाआरती आ हनुमान आरधाना के कार्जक्रम भी करेके उ बतवनी ।
एहितरे करिब पाँच दशक पुराना वीरगंज के घडीअर्वास्थित श्रीरामजानकी मन्दिर मे अयोध्या के नवनिर्मित राम मन्दिर के उदघाटन के अवसर पारके सोमार के दिने भगवान राम, सीता आ हनुमान के मूर्ति के प्राण प्रतिष्ठा कईल जा रहल बा । ओकरा खातिर महानगरपालिका के आयोजना मे भव्य तईयारी कईल बा ।
करिब तीन दशक से नीजि आदमी के कब्जा मे रहल उ श्रीरामजानकी मन्दिर के महानगरपालिका से अभी अतिक्रमणमुक्त करके सौन्दर्यकरण कईले बा । सोमार के दिने हि उ मन्दिर मे भगवान राम, सीता आ हनुमान के मूर्ति के प्राण प्रतिष्ठा करे लागल बा ।
अयोध्या मे श्रीराम मन्दिर के उदघाटन के दिन के अवसर पारके श्रीरामजानकी मन्दिर मे भगवान राम, सीता आ हनुमान के मुर्ति के प्राण प्रतिष्ठा करे लागल वीरगंज महानगर के मेयर राजेशमान सिंह बतवनी । उनका मुताविक, प्राण प्रतिष्ठा के दिन सोमार के सबेरे ८ बजे भव्य कलश यात्रा निकालेके, दिनभर प्राणप्रतिष्ठा के सभी पूजन विधि होखेके, सवा लाख बत्ती बारेके तथा सँझिया महाआरती आयोजना करके प्रसाद वितरण करेके कार्जक्रम भी रहल उ बतवनी ।
श्रीरामजानकी मन्दिर मे सोमार के दिने भगवान राम, सीता आ हनुमान के मूर्ति के प्राण प्रतिष्ठा मे सहभागी होखे खातिर महानगरबासी के मेयर सिंह के ओरी से सार्वजनिक आह्वान भी कईल बा ।
अयोध्या के राम मन्दिर उदघाटन के खुशीयाली मनावे खातिर वीरगंज मे विश्व हिन्दु परिषद भी भव्य तईयारी कईले बा । परिषद के पर्सा सचिव विक्की सर्राफ के मुताविक, अयोध्या के राम मन्दिर उदघाटन के दिन सोमार के दिने वीरगंज मे भव्य मोटरसाइकल जुलुस के साथे भव्य झाँकी प्रदर्शन कईल जाई । सोमार के सबेरे मोटरसाइकल जुलुस सँगे सात गो ट्रक मे स्टेज बनाके भगवान श्रीराम के जन्म से वनबास के बाद अयोध्या फिर्ती तक के कथा वर्णन के झाँकी प्रदर्शन करत नगर परिक्रमा करेके सर्राफ बतवनी ।
एकरा साथे सोमार के सँझिया घरघर मे दीप प्रज्वलन करके दीपावली मनावे खातिर सार्वजनिक आह्वान भी कईल जानकारी सर्राफ करवनी ।
संघ के सचिव सर्राफ कहनी, ‘भगवान राम कउनो ई भा उ देश के ना हउवन । उ विश्वभर के हिन्दु के साझा भगवान हउवन । ओमे भी करिब पाँच सय बरीस से पाल भितर रहल रामलल्ला सोमार के दिने आपन घर मे फिर्ता होत बाडन । हिन्दुसब के एकरा से बडका खुशी आउर का हो सकता ? इहे खुशीयाली मनावे खातिर वीरगंज मे भी भव्य तईयारी कईल बा ।’
राम मन्दिर के उदघाटन आ प्राण प्रतिष्ठा के दिन सोमार के दिने वीरगंज महानगर सहित जिल्ला के अनेकन पालिकासब मे मछरी, मासु आ दारु के बिक्रिवितरण आ सेवन निषेध कईल बा । पर्सा के वीरगंज महानगरपालिका, बहुदरमाई नगरपालिका, जगरनाथपुर, धोबिनी, कालिकामाई, पटेर्वासुगौली लगायत के गाँवपालिका से सार्वजनिक सूचना हि जारी करके सोमार के दिने मछरी, मासु आ दारु के बिक्री वितरण आ सेवन ना करे खातिर निर्देशन देहले बाडन । उल्था अन्नपूर्ण






