विश्वखबर अनलाइन पत्रिका बिमोचन
विश्वखबर अनलाइन पत्रिका बिमोचन

प्रभु यादव
बारा ०८ माघ
बारा के सदरमुकाम कलैया मे उद्योग वाणिज्य संघ के सभा हल मे एक कर्जक्रम के बीच विश्वखबर डट कम अनलाइन पत्रिका विमोचन भईल बा । कार्जक्रम के प्रमुख अतिथि कलैया उपमहानगरपालिका के मेयर विनोद साह अनलाईन विमोचन करत पत्रकारिता राष्ट्र के चउथका अंग हवे सत्यतथ्य समाचार सम्प्रेषण करेके दिशानिर्देश करे खातिर जोड देहले रहनी । न्याय संगत सम्वन्धित सूचना प्रवाह करेला पत्रिका के कमि भईल अवस्था मे अनलाइन पत्रिका के विशेष भूमिका रही अपना विश्वास बा मेयर साह बतावले बानी । पत्रकारीता मे ईमानदार के कदर ना भईल कहत मेयर साह दुःख व्यक्त कईनी । कलैया उपमहानगरपालिका विज्ञापन मार्फत ४०÷५० लाख खर्च करत रहल रहे १५÷२० लाख मे घटा के लिआईल बानी मेयर साह जनकारी करावले बानी ।
विज्ञापन देहलक तब निमन ना देहलख त खराब उपमहानगरपालिका जवन प्रविधि हटावेके जरुरी रहल कहत सत्यतथ्य सूचना सम्प्रेषण करेके मेयर साह पत्रकार सब से निहोरा कईले बानी । बारा मे अनलाइन पत्रिका थप अईला से श्रमजीवी पत्रकार के खातिर सकारात्मक भईल सभे पाठक खातिर समाज के सत्यतथ्य समाचार सम्प्रेषण के जिम्मेवारी पत्रकार के पहिलका कर्तव्य भईल मेयर साह जनकारी करावले रहनी ।
बी.एम.पी मिडिया प्रा.लि से संचालित विश्वखबर डट कम अनलाइन पत्रिका के बिमोचन प्रमुख अथिति कलैया उपमहानगरपालिका के मेयर साह ल्यापटप मे इन्टर बटम दबाके अनलाइन पत्रिका के बिमोचन कईले रहनी ।
विश्वखबर डट कम अनलाइन के अध्यक्ष एवम् संचालक राकेश पाण्डे के सभापतित्व मे भईल कार्जक्रम मे नेपाल प्रेस युनियन के मधेश प्रदेश अध्यक्ष सत्यप्रकाश श्रेष्ठ, उद्योग वाणिज्य संघ बारा के अध्यक्ष राज कुमार साह, नागरिक समाज बारा के अध्यक्ष उमेश लाल दास, पत्रकार महासंघ बारा के पुर्व अध्यक्ष लक्ष्मी साह, सिकेन्द्र पासवान, प्रेस मञ्च नेपाल बारा के अध्यक्ष पवन यादव, वरिष्ठ पत्रकार सुजित आर्याल, संजय तिवारी, संजीव मिश्रा लगायत के लोग अनलाइन के प्रगती के खातिर शुभकामना देहले रहल रहे ।
अनलाइन पत्रिका के सम्पादक मे जयनारायण प्रसाद यादव, अतिथि सम्पादक भोजराज भट्टराई तथा संवाददाता अरुण कुमार साह आ एमपी यादव रहल बानी ।
मुकेश यादव के सञ्चालन आ भोजराज भट्टराई के स्वागत मे भईल कार्जक्रम मे प्रेस युनियन बारा के सचिव राजेश कुशवाहा, नेपाल शिक्षक संघ बारा के अध्यक्ष राज किशोर सहनी, शिक्षक, समाजसेवी, सन्चारकर्मी सब के सहभागिता रहल रहे ।






