बारा मे भारतीय सुटर महतो पकडईलें
बारा मे भारतीय सुटर महतो पकडईलें

प्रभु यादव
बारा ०८ माघ
चार महिना पहिले बारा के पचरौता नगरपालिका ६ लक्ष्मिनिया मे भईल भारतीय युवक हत्या मे संलग्न एक सुटर के पुलीस पकडले बा ।
पकडाएवाला मे भारत बिहार के मोतिहारी दर्पा थाना ग्राम पन्चायत तीनकोनी १ सुक्लहिया के २२ बरीस के रुपेशकुमार महतो रहल बाडन ।
महतो के बितल कुवार ९ गते पचरौता मे भारत मोतिहारी दर्पा थाना ग्राम पन्चायत तीनकोनी १ सुक्लहिया के २२ बरीस के अजितकुमार सिंह के गोली मारके हत्या कईल आरोप मे पकडल गईल बारा के प्रहरी प्रवक्ता प्रहरी नायब उपरीक्षक दधिराम न्यौपाने जानकारी देहनी । महतो के कलैया उपमहानगरपालिका १० से नियन्त्रण मे लेहल गईल आ महतो उपर आउर अनुसन्धान हो रहल न्यौपाने बतवनी ।






