राम उत्सव मे वीरगंज के माईस्थान आ जानकी मन्दिर मे सवा÷सवा लाख दिया बारल गईल, घरघर मे दीपावली
राम उत्सव मे वीरगंज के माईस्थान आ जानकी मन्दिर मे सवा÷सवा लाख दिया बारल गईल, घरघर मे दीपावली

वीरगंज ०८ माघ
भारत के अयोध्या मे नवनिर्मित राम मन्दिर के उदघाटन भईल खुशीयाली मे वीरगंज मे भी सोमार के सँझिया सवा लाख दिया बारके दिपोत्सव कईल बा । एकरा साथे महागनगरबासी भी स्वस्फूर्त रुप मे घरघर मे दीप प्रज्वलन करके दीपावली मनवले बाडन ।
वीरगंज के माईस्थानस्थित गहवामाई मन्दिर प्रांगण मे विश्व हिन्दु परिषद के आयोजना मे १ लाख २५ हजार दिया बारके भव्य दिपोत्सव मनावल गईल बा । दिपोत्सव के समुदघाटन संघीय सरकार उद्योग वाणिज्य तथा आपूर्तिमन्त्री रमेश रिजाल कईले रहनी ।
एहितरे हिन्दु परिषद् आ वीरगंज महानगरपालिका के आह्वान मे महानगर के हरेक घरघर मे दिया बारके दीपावली भी मनावल गईल बा । एहितरे वीरगंज के घडिअर्वा मे सोमार के सँझिया १ घण्टा ३० मिनेट तक लगातार आकाश मे पटाका पडकाके आतीषबाजी भी कईल रहे ।
एहितरे सोमार के दिने हिन्दु परिषद के आयोजना मे भगवान् श्रीराम कथा वर्णन सहित के भव्य झाँकी भी निकालल गईल रहे । गीतामन्दिर नजिक से सात गो ट्रक मे भगवान् श्रीराम के जन्म से वनबास से अयोध्या फिर्ती तक के कथा वर्णन कईल झाँकी राखके नगर परिक्रमा करावल गईल रहे ।
एहितरे सोमार के दिने हि वीरगंज १० घडिअर्वा स्थित ७५ बरीस पुराना रामजानकी मन्दिर मे भगवान् श्रीराम, सीता आ हनुमान के मूर्ति के प्राण प्रतिष्ठा भी कईल रहे । प्राण प्रतिष्ठा के पूजापाठ मे वीरगंज महानगर के मेयर राजेशमान सिंह खुदे सहभागी भईल रहनी । ओकरा से पहिले सबेरे घडिअर्वा पोखरी परिसर से निकालल कलश यात्रा नगर परिक्रमा कईले रहे ।
एहितरे वीरगंज महानगरपालिका वार्ड नं. १६ मे रहल वैष्णवदेवी मन्दिर परिसर मे हिन्दू स्वयंसेवक संघ पर्सा ५१ हजार दिया बारके भव्य दिपोत्सव मनावल संघ के कृष्ण चौरसिया बतवनी । अयोध्या के राम मन्दिर उदघाटन के अवसर मे सोमार के दिने वीरगंज सहित पर्सा जिल्ला मे रहल हरेक मठमन्दिर मे भी विशेष पूजापाठ आ आरती करके राम उत्सव मनावल विश्व हिन्दु परिषद के संयोजक सन्जय सर्राफ बतवनी ।
जनकपुरधाम÷ राम मन्दिर के प्राण प्रतिष्ठा मे जनकपुर के जानकी मन्दिर मे सवा लाख दीप प्रज्वलन कईल बा । जनकपुरधाम सहित मधेश के घरघर मे दीपावली करके खुसी मनावल गईल बा ।
भारत उत्तर प्रदेशस्थित अयोध्या मे सोमार के दिने राममन्दिर के प्राण प्रतिष्ठा कईल खुशियाली जनकपुरधाम मे भी मनावल गईल बा । राम के ससुराली आ जानकी के नईहर के रुप मे रहल जनकपुर मे जानकी मन्दिर सहित अनेकन धार्मिक संघसंगठन उत्सव मनवले बाडन ।
ई अवसर मे जानकी मन्दिर प्रांगण के फूल तथा दीप से सजावल गईल बा । सोमार के सँझिया जानकी मन्दिर मे रंगोली बनावत सवा लाख दीप प्रज्वलन करेके तईयारी कईल बा । जानकी मन्दिर व्यवस्थापन पक्ष लगायत हिन्दुवादी संगठन दीप प्रज्वलन कईले बाडन ।
जानकी मन्दिर आरीपाछि श्री सियाराम उल्लेखित भगवा रंग के झण्डा से सजावल गईल बा । राममन्दिर के प्राण प्रतिष्ठा के लेके धनुषा के सहिदनगर नगरपालिका, बटेश्वर गाँवपालिका, नगराइन नगरपालिका आ जनकनन्दनी गाँवपालिका लगायत आउर जिल्ला के कैयन पालिका सार्वजनिक छुटी भी देहले बा । सोमार के दिने दीप प्रज्वलन करके दिपोउत्सव के रुप मे मनावे खातिर पालिकासब निहोरा भी कईले बाडन । बटेश्वर गाँवपालिका मे स्थानीय अष्टजाम आयोजन कईले बाडन । उ अवसर मे १ हजार एक साधुसन्त के भण्डारा भी आयोजन कईल रामपुकार महतो जानकारी देहनी ।






