नेपाल मे कोरोना संक्रमण से दुसरका आदमी के मृत्यु

काठमाण्डु ४ जेठ,

नेपाल मे कोरोना भाइरस (कोभिड–१९) से दुसरका आदमी के मृत्यु भईल स्वास्थ्य तथा जनसंख्या मन्त्रालय पुष्टि कईले बा । एकरा सँगे नेपाल मे कोराना से मृत्यु होखेवाला के संख्या दु पुगल बा ।

बाँके के नरैनापुर के दीपेन्द्र मावि भोजभगवानपुर के क्वारेन्टाइन मे रहल २५ बरीस के पुरुष के कोरोना संक्रमण से मृत्यु भईल बा । मृतक वैशाख ३० गते भारत से नेपाल आईल रहलन ।

क्वारेन्टाइन मे रहेके समय स्वास प्रश्वास मे समस्या भईल रहे । उनकर एतवार के सबेरे ६ः४० बजे मृत्यु भईल रहे ।

उनका के अस्पताल लेजाए खातिर स्थानीय एम्बुलेन्स के खबर कईला पर भी पीपीई ना भईला के चलते चालक ना मानल स्थानीयबासी के दाबी बा ।

आ, ईलाज के कमी के चलते उनकर मृत्यु भईल कहत उलोग आक्रोस जनवले बाडन ।

स्वास्थ्य मन्त्रालय के प्रवक्ता विकास देवकोटा के मुताविक मृतक के स्वाब परीक्षण के रिपोर्ट पोजेटिभ आईल बा ।

शनिचर के दिने मात्र कोरोना भाइरस के संक्रमण से नेपाल मे पहिलका मृत्यु पुष्टि भईल रहे ।

सिन्धुपाल्चोक के २९ बरीस के सुत्केरी जनानी के बियफे के दिने मृत्यु भईल रहे ।

मन्त्रालय शनिचर के दिने उनकर मृत्यु कोरोना संक्रमण से भईल घोषणा कईले रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।