जनमत पार्टी मधेस सरकार से बाहर निकलल
जनमत पार्टी मधेस सरकार से बाहर निकलल

जनकपुरधाम ०९ माघ
मधेस प्रदेश सरकार से जनमत पार्टी बाहर निकलल बा । सीके राउत नेतृत्व के जनमत पार्टी मधेस प्रदेश सरकार से बाहर निकलल बा । शिक्षा तथा संस्कृति आ श्रम तथा यातायात मन्त्रालय करके दु जने मन्त्री सहभागी रहलन ।
सरकार के देहल समर्थन फिर्ता लेत मधेस सरकार से जनमत पार्टी अलग भईल बा । ’मधेस सरकार के देहल समर्थन फिर्ता लेके बाहर निकलेके निर्णय कईल गईल बा,’ सांसद चन्दन सिंह कहनी ।
पार्टी के संसदीय दल के नेता तथा मन्त्री महेश प्रसाद यादव सरकार के देहल समर्थन भी फिर्ता लेवेके निर्णय भईल बतवनी । ‘हमरा सहित मधेस सरकार मे रहल मन्त्री के फिर्ता बोलावेके निर्णय भईल बा । कुछ देर मे राजीनामा बुझावल जाई,’ कहत उ, ‘नेपाल के संविधान के धारा १६८ मुताविक जनमत पार्टी के समर्थन रहला मे आजु के मिति से सरकार के देहल समर्थन भी फिर्ता लेहल जाई ।’
पिछिलका समय सत्ता गठबन्धन से जनमत असन्तुष्ट बनत गईल बा । राष्ट्रियसभा चुनाव के खातिर उम्मेदवारी बाँडफाँट से हि जनमत असन्तुष्ट बा । मधेस मे जनमत आ जसपाबीच तिक्तता बढत गईल बा । काल्हु मात्र सप्तरी के मधेस कृषि विद्यालय के शिलान्यास कार्जक्रम मे अध्यक्ष उपेन्द्र यादव प्रमुख अतिथि भईला पर जनमत विरोध जनवले रहे । उहे समय मे मन्त्री सहित ३ जने सांसद घायल भईल रहलन आ दजनो कार्यकर्ता घायल भईल रहलन ।




