१ करोड से बेसी के सामान लादल ट्रक पकडाईल

१ करोड से बेसी के सामान लादल ट्रक पकडाईल

वीरगंज ११ माघ

वीरगंज से बिलविजक मे उल्लेख कईल से बेसी लत्ताकपडा तथा हार्डवेयर के सामान लादल ट्रक नियन्त्रण मे लेहले बा । वीरगंज महानगरपालिका वार्ड नम्बर १४ गण्डक चोक से चेकजाँच के समय मे पुलीस ना.६ख ८३०५ नम्बर के मालवाहक ट्रक नियन्त्रण मे लेहले बा ।

राजस्व ना तिरके वीरगंज से काठमाण्डु ओरी जा रहल उ ट्रक के चेकजाँच कईला पर विल शंकास्पद देखला के बाद नियन्त्रण मे लेहल गईल जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा के प्रवक्ता प्रहरी नायब उपरीक्षक कुमार विक्रम थापा जानकारी देहनी ।

ट्रक से पुलीस अनुमानित १ करोड १३ लाख १८ हजार ८९० रोपेया बराबर के सामान बरामद कईल उ बतवनी । बरामद सामान के ट्रक सहित राजस्व अनुसन्धान कार्यालय पथलैया बारा मे बुझावल गईल थापा बतवनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।