राष्ट्रियसभा मे सत्ता गठबन्धन के १८ जने उम्मेदवार विजयी

राष्ट्रियसभा मे सत्ता गठबन्धन के १८ जने उम्मेदवार विजयी

काठमाण्डु ११ माघ

राष्ट्रियसभा निर्वाचन मे सत्ता गठबन्धन के १८ जने उम्मेदवार विजयी भईल बाडन । एक जने प्रमुख प्रतिपक्षी दल नेकपा एमाले के उम्मेदवार विजयी भईल बाडन ।

कोशी प्रदेश मे गठबन्धन से नेपाली कांग्रेस के कृष्णप्रसाद सिटौला विजयी भईलें आ एमाले के रुक्मिणी कोइराला विजयी भइनी । कोइराला माओवादी उम्मेदवार चम्पादेवी कार्की के पराजित कईले रहनी । कोइराला ५ हजार ८६ मत लिअईला पर प्रतिस्पर्धी चम्पादेवी ४ हजार ९९२ मत लिअईनी । कांग्रेस के कुछ मतदाता फ्लोर क्रस कईला के बाद एमाले उम्मेदवार कोइराला विजयी भईल रहनी ।

एहितरे सिटौला ५ हजार २९२ मत प्राप्त कईलें आ उनकर प्रतिद्वन्द्वी राप्रपा के उद्धव पौडेल ४ हजार ५६२ मत लिआईल बानी । उलोग बीच ७३० के मतान्तर रहल ।

एहितरे मधेस प्रदेश मे गठबन्धन के उम्मेदवार विजयी भईलें । कांग्रेस के आनन्दप्रसाद ढुंगाना आ जनता समाजवादी पार्टी के पूजा चौधरी विजयी भईल बाडन । ढुंगाना ७ हजार ३७० मतभार लिअईलें आ पूजा ७ हजार ९२३ मतभार लिअईली । उलोग के प्रतिद्वन्द्वी एमाले के विजेता झा २ हजार ४८४ मतभार लिअईली आ उषा चौधरी के दु हजार ४४६ मतभार आईल बा ।

एहितरे बागमती प्रदेश मे गठबन्धन के चार जने हि उम्मेदवार विजयी भईल बाडन । कांग्रेस के जीतजंग बस्नेत आ विष्णुदेवी पुडासैनी, माओवादी के श्रीकृष्ण अधिकारी आ नेकपा एकीकृत समाजवादी के घनश्याम रिजाल विजयी भईल बाडन । बस्नेत ६५३१ मतभार, पुडासैनी के ६६२२ मतभार आईल आ अधिकारी ६३८३ आ रिजाल के ६५१२ मतभार आईल बा ।

एहितरे गण्डकी मे गठबन्धन के तीन जने उम्मेदवार विजयी भईलें । कांग्रेस के किरणबाबु श्रेष्ठ, पदमबहादुर परियार आ माओवादी के मनरुपा शर्मा निर्वाचित भईल बाडन । श्रेष्ठ ३८०८, मनरुपा से ३६६० आ परियार के ३७७९ मतभार आईल ।

एहितरे लुम्बिनी प्रदेश मे गठबन्धन के दुनु उम्मेदवार विजयी भईलें । कांग्रेस के विष्णुकुमारी सापकोटा आ माओवादी के झक्कुप्रसाद सुवेदी विजयी भईल बाडन । सापकोटा ५४३५ मतभार प्राप्त कईनी ।

एहितरे कर्णाली प्रदेश मे गठबन्धन के तीन जने उम्मेदवार विजयी भईल बाडन । एकीकृत समाजवादी के सावित्री मल्ल, कांग्रेस के कृष्णबहादुर रोकाया आ माओवादी के विष्णु विक निर्वाचित भईल बाडन । मल्ल के ३ हजार ७२२, रोकाया के ३ हजार ८७० आ विक के ३ हजार ८१७ मतभार आईल बा ।

एहितरे सुदूरपश्चिम प्रदेश मे भी गठबन्धन के तीन जने उम्मेदवार विजयी भईलें । कांग्रेस के नारायणदत्त भट्ट ४ हजार ४१९ मतभार, बलदेव बोहरा ४ हजार ३२८ मतभार आ माओवादी के रेणु चन्द ४ हजार ४५३ मतभार सहित विजयी भईलें ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।