शिवरात्रि के अवसर मे शिवालय सब मे दिन भर पुजा पाठ करेवालन के भिड

वीरगंज १७ फागुन
महाशिवरात्री हिन्दुलोग के प्रमुख चाड के साथे भगवान शिव के प्रमुख पर्व ह । फागुन कृष्ण चतुर्दशी के दिन मनावल जाएवाला ई पर्व के सभी दीनदुःखी आ कष्टपूर्ण अवस्था मे रहल प्राणीलोग के हृदय मे धर्म के उदय करावेवाला आशुतोष भगवान् शिव के बहुते प्यारा दिन के रूप मे भी लेहल जाला ।
शिवरात्रि के अवसर मे आजु वीरगंज स्थित अलखियाम मठ, वीचिकालि स्थित शिवजी के मन्दिर, नगवा मे रहल शिव मन्दिर, पर्सा के सखुवाप्रसौनी गाँवापलिका स्थित महुवन मठ, जिराभवानी मन्दिर, रामभौरी भाठा लगायत जिल्ला के अनेकन जगहा मे रहल शिवालयसब मे भक्तजनलोग के बहुते भीड लागल रहे ।
शिवालयसब दुलही जईसन सजाके भक्तजनलोग के शान्तिपूर्वक रुप मे पुजा आजा करेके व्यस्था मिलावल गईल रहे । एहितरे सुरक्षा व्यवस्था के भी कडा बनावे खातिर सुरक्षाकर्मीलोग परिचालन कईल बा ।
प्रभु यादव÷
बारा मे शिवरात्रि के अवसर मे शिवालय सब मे दिन भर पुजा पाठ करेवाला के भिड लागल रहल रहे । कलैया उपमहानगरपालिका वार्ड नम्वर ३ के सिद्धेश्वर महादेव मन्दिर, कलैया २ लङ्गडा के मुक्तेश्वर महादेव मन्दिर, सोलह कोसे झाडी मे रहल काटघाट के सहजनाथ महादेव आ मझरिया मे रहल महादेव मन्दिर मे विशेष पुजापाठ करेवाला के लाईन रहल रहे ।
हजारिकफला मे गईल बोलबम काँवर काटघाट से पुजा कर के चलला वाद लझ्गडा आ सिद्धेश्वर महादेव मन्दिर मे पुगला वाद अधिक भिड बढल रहल रहे । शिवजी के आस्था विश्वास मे फलाहार रह के पुजा करेवाला भक्तजन आ मेला देखेवाला लोग के शिवायल मे पुगला से अधिक भिड भईल रहल रहे ।





