मिसन साक्षर कलब आ घोडी देवि समाज कल्याण के आसमान नेपालद्धारा ३-३ लाख देवेके घोषणा
मिसन साक्षर कलब आ घोडी देवि समाज कल्याण के आसमान नेपालद्धारा ३-३ लाख देवेके घोषणा

मेवालाल यादव
रौतहट १८ माघ
रौतहट के सदरमुकाम गौर मे रहल सियापैलेस के सभाहाल मे भि.एस.ओ. के आर्थिक सहजोग आ आसमान नेपाल के आयोजना मे बिद्यालय ब्यवस्थापन समिति, सिकाइ वातावरण आ स्वास्थ्य सुबिधा संचालन तथा ब्यवस्थापन समितिसब आ गुणस्तरीय सेवासब के प्रवर्धन के खातिर स्थानीय युवा कलबसब से साझेदारी कार्जक्रम पुरा कईले बा ।
आसमान नेपालद्वारा संचालित (न्भ्ःक्) पालिका शिक्षा के दिगोपन आ मुल प्रवाहिकरण के खातिर शक्तिकारण परियोजना अन्तर्गत आसमान नेपाल के रौतहट जिल्ला संयोजक सन्जय कुमार यादव के अध्यक्षयता मे कार्जक्रम सुरु भईल रहे ।
गौर नगरपालिका के मिसन साक्षर कलब आ गढिमाइ नगरपालिका के घोडी देवि समाज कल्याण के आसमान नेपाल ३÷३ लाख बराबर के वार्ड मे स्वास्थ्य, शिक्षा मे सुधार करे खातिर रोपेया देवेके साथे आउर कलब के ७०÷७० हजार रोपेया देवेके आसमान नेपाल के रौतहट जिल्ला संयोजक सन्जय कुमार यादव बतवनी ।
स्वास्थ्य सम्बन्धि शारीरिक, मानसिक, सामाजिक, आत्यमिक, भावनात्मक आ स्वास्थ्य के सामान्य परिचय बनावे खातिर सामाजिक निर्धारणसब तथा दिगो बिकास के लक्ष्य मे स्वास्थ्य सेवा के स्वास्थ्य विकास के एक महत्वपूर्ण मुद्दा रहल चर्चा करत आधारभुत स्वास्थ्य सेवा के सामान्य परिचय बनावेके आ स्वास्थ्य संस्था संचालन तथा ब्यवस्थापन समिति संरचना सम्बन्धि कार्जक्र मो प्रस्तोता रुपेश पन्डित बतवनी ।
रौतहट के गौर नगरपालिका के वार्ड नं. २, ४, ५, ६, ७ आ गढिमाइ नगरपालिका के वार्ड नं. १, ४, ६, ७, ८ के युवा कलबसब मे भि.एस.ओ.के आर्थिक सहजोग आ आसमान नेपाल के आयोजना मे बिद्यालय ब्यवस्थापन समिति, सिकाइ वातावरण आ स्वास्थ्य सुबिधा संचालन तथा ब्यवस्थापन समितिसब बनाके गुणस्तरीय सेवासब के प्रवद्र्धन खातिर स्थानीय युवा कलबसब से साझेदारी मे कार्जक्रम करत आईल भि.एस.ओ. के राष्ट्रिय स्वयंसेवक आरती पटेल बतवनी ।
उ अवसर मे आसमान नेपाल के कार्जक्रम प्रबन्धक डा. बिरेन्द्र सिंह, स्वास्थ्य सहकार्ता मन्जु रजक, भि.एस.ओ. राष्ट्रिय स्वयंसेवक आरती पटेल, रौशन साह लगायत गौर आ गढिमाइ नगरपालिका के युवा कलबसब के सदस्यलोग के सहभागिता रहल रहे ।






