वीरगंज के मेयर सिंह उपर कारवाही के माग करत मसाल जुलुस प्रदर्शन
वीरगंज के मेयर सिंह उपर कारवाही के माग करत मसाल जुलुस प्रदर्शन

वीरगंज १९ माघ
वीरगंज महानगरपालिका के मेयर राजेशमान सिंह नक्कली बाबु बनके दोसर के बेटी के नागरिकता दिलावल आरोप मे उनका उपर कारवाही के माग करत शुक के दिने वीरगंज मे मसाल जुलुस प्रदर्शन भईल बा ।
सिंह के पकडके कारवाही करेके माग सहित सचेत नागरिक समाज वीरगंज मसाल जुलुस निकलले बा । किर्ते नागरिकता मे दोषी रहल कहत मेयर उपर छानबिन करे खातिर नागरिक समाज वीरगंज निरन्तर प्रदर्शन करत आईल बा । वीरगंज के लाठगल्ली से निकालल मसाल जुलुस के घण्टाघर, माईस्थान चौक मे पुलीस हस्तक्षेप कईले रहे ।
सचेत नागरिक समाज वीरगंज राष्ट्रियता उपर खेलवाड करके मेयर सिंह नक्कली बाबु बनके रुबिना श्रेष्ठ नाम कईल युवती के नागरिकता दिलावल कहत मेयर विरुद्ध चरणबद्ध रुप मे विरोध प्रदर्शन होत आईल बा ।
मसाल जुलुस मे वार्ड नम्बर १ के वार्ड अध्यक्ष तथा जसपा नेता मनोज राउत कुर्मी, वार्ड नम्बर २० के वार्ड अध्यक्ष तथा ऐमाले नेता रामकिशोर सिंह पराग, जनमत पार्टी के नेता शशिकपुर मिया, मुकेश द्विवेदी, पुर्व कृषिमन्त्री करिमा बेगम, नगमा बेगम, एमाले के नेता लियाकत अलि, नेपाली कांग्रेस के महम्मद सहाबुदिन, अनिल सिंह, नेविसंघ के सभापति रमेश यादव लगायत स्थानीयवासीलोग के सहभागिता रहल रहे ।
मेयर सिंह बिरुद्ध जिल्ला प्रशासन कार्यालय पर्सा आ जिल्ला प्रहरी कार्यालय मे अलग–अलग करके १६ जने जाहेरी देहले बाडन । किर्ते नागरिकता छानबिन कर रहल जिल्ला प्रहरी, जिल्ला प्रशासन कार्यालय आलटाल कर रहल प्रदर्शनकारीलोग के आरोप रहल बा ।






