पशु सेवा विज्ञ केन्द्र कलैया कार्यालय सहजोगी के भर मे चल रहल
पशु सेवा विज्ञ केन्द्र कलैया कार्यालय सहजोगी के भर मे चल रहल

प्रभु यादव
बारा २१ माघ
बारा के कलैया मे रहल भेटेरिनरी अस्पताल तथा पशु विज्ञ केन्द्र मे ईलाज लगायत के कामकाज कार्यालय सहजोगी कर रहल बाडन ।
प्रदेशिक पशु अस्पताल मे दु पशु अधिकृत, एक नायव पशु पाविधिक रहल अवस्था मे विमार गाई भैंसी, बकरी सब के दवाई कार्यालय सहजोगी के भर मे चल रहल बा । कार्यालय सहजोगी जितेन्द्र मण्डल आ ब्रजकिशोर राय विमार पड के आईल पशु सभे के दवाई कररहल मण्डल बतावले बानी ।
कार्यालय प्रमुख पशु चिकित्सक रामकिशोर साह अपना के सभे शाखा मे सहजोग करे के अउर विमार पर के आईल पशु सब के कार्यालय सहजोगी राय के साथे रह के ईलाज करेके मण्डल बतावले बानी ।
छैठो तह अधिकृत एवम कार्यालय के सुचना अधिकृत सुनिल प्रसाद गुप्ता से जनकारी लेहला पर वितल वरीस के असाढ तक पशु चिकित्सक लोग के जिमा रहल उपचार के काम कार्यालय सहजोगी लोग के जिम्मा प्रमुख साह लगावले बानी तब से उहे लोग दवाई कर रहल बतावले बानी ।
नायव पशु सेवा प्राविधिक मदन प्रसाद यादव के आ अपना के कृत्रिम गर्भधारण गाई, भैसिं आ बकरी के जिम्मा देहल बा बाकी सभे फाट कार्यलय प्रमुख आपना से चला रहल अधिकृत गुप्ता जनकारी करावले बानी । सुचना अधिकृत अपना के मातरे नाम के प्रमुख देहले बा कवनो जनकारी देवले कृत्रिम गर्भधारण के बाहेक कवनो जिम्मेवारी अपना के ना भईल बतावले बानी ।
१८ महिने पशु जेटिए पढेवाला आईल विपिन कुमार, वसन्त कुमार मुखिया आ ममता साह केहु डाक्टर लोग हमरा सभे के ना सिखावेले मात्र कार्यालय सहजोगी लोग सँगे अपना से दवाई करेला काम करहल बतावले बानी । पशु सभे के दवाई आ गोबर चेक जाँच कार्यालय सहजोगी लोग ही करले कहके जनकारी करावले बानी ।
बारा मे दरबनदी भईल पशु चिकित्सक रामाशंकर शर्मा करिब ४ महिना से काज मे दुसर जिल्ला मे जाके कर रहल बानी जवना के कारण रहल बानी कार्यालय प्रमुख साह, चिकित्सक शर्मा फोन मार्फत जनकारी करावले बानी । जब तक कार्यालय प्रमुख साह रहीहन तबतक काज से फिर्ता नाआईब शर्मा फोन मे बात करत जनकारी करवले बानी ।
कार्यालय प्रमुख साह से जनकारी लेहला पर सभे कर्मचारी लोग के कामकाज बाडफाड कर के कार्यालय सञ्चालन कर रहल बतावले बानी । कार्यालय सहजोगी मे रहल मण्डल ग्रामिण पशु स्वास्थकर्मी आ राय जेटीए रहल जनकारी प्रमुख साह जनकारी करावले बानी ।
कलैया सेवा केन्द्र मे तीन जने रहल पशु चिकित्सक जवना मे शर्मा आ यादव के कुत्रिम पशु सेवा के जिम्मेवार देहल गईल प्रमुख साह जनकारी करावले बानी । सेवा केन्द्र मे दरबन्दी बा माकिर प्रदेश सरकार कर्मचारी ना पेठारहल प्रमुख साह बतवले बानी ।






