ठोरी छोटी भन्सार के स्तरोन्नति होखी
ठोरी छोटी भन्सार के स्तरोन्नति होखी

वीरगंज २२ माघ
लम्हर समय के ईन्तजार के बाद पर्सा के ठोरी नाका मे रहल छोटी भन्सारके स्तरोन्नति होखेके जनावल गईल बा ।
पर्सा जिल्ला के दुसरका नाका ठोरी मे रहल छोटी भन्सार कार्यालय के नयाँ भवन निर्माण कईला सँगे बरीसो बितला पर भी भन्सार विभाग कर्मचारी के व्यवस्थापन ना कईला से उ छोटी भन्सार कार्यालय सञ्चालन मे आवे नईखे सकल ।
ठोरी गाँवपालिका–२ मे रहल ठोरी छोटी भन्सार के स्तरोन्नति ईहे माघ २७ गते शनिचर के दिन करेके भईल बा । स्तरोन्नति कईला सँगे छोटी भन्सार कार्यालय औपचारिक रुप मे सञ्चालन मे भी आई । माघ २७ गते अर्थमन्त्री प्रकाशशरण महत भन्सार के स्तरोन्नति कईल घोषणा करीहें । अर्थमन्त्री महत सँगे अर्थ मन्त्रालय के आउर दु सचिव तथा भन्सार विभाग प्रमुख के समेत आगमन मे ठोरी छोटी भन्सार के स्तरोन्नति के घोषणा होखेके कार्जक्रम तय भईल ठोरी गाँवपालिका के अध्यक्ष लालबहादुर श्रेष्ठ जानकारी देहनी ।






