नेशनल मेडिकल कलेज मे बिवाद, ओपीडी सेवा बन्द
नेशनल मेडिकल कलेज मे बिवाद, ओपीडी सेवा बन्द

वीरगंज १५ फागुन
निलम्बन मे परल १२ जने कर्मचारी के पुनर्बहाली के माग राखत नेसनल मेडिकल कलेज तथा शिक्षण अस्पताल मे कार्यरत कर्मचारी सोमार से धर्ना मे बईठल बाडन । ओपीडी (बहिरंग) सेवा ठप्प करके दु दिन से कर्मचारी धर्ना मे बईठल बाडन ।
अस्पताल मे ट्रेड युनियन गठन भईला के बाद बिनाकारण कर्मचारी के अस्पताल व्यवस्थापन निलम्बन करके स्पष्टीकरण पुछल कर्मचारी बतवले बाडन । एतवार के दिने कलेज के प्रमुख प्रशासकीय अधिकृत शेख गौशल आजम विज्ञप्ति जारी करके ९ जने कर्मचारी के तीन महिना के खातिर निलम्बन कईल जनवले रहलन । एकरा से पहिले तीन जने के निलम्बन कईल गईल रहे । ‘घटना के प्रमाण नष्ट करेके आ छानबिन मे अवरोध पुगाव के प्रबल सम्भावना भईला से श्रम ऐन २०७४ के दफा १३४ बमोजिम ३ महिना के खातिर पद से निलम्बन भी कईल बा,’ आजमद्वारा जारी सूचना मे उल्लेख कईल बा, ‘निलम्बन अवधिभर प्रतिष्ठान भितर प्रवेश मे रोक लगावल भी जानकारी करावल जाता ।’
आजम के मुताविक आठ जने कर्मचारी नर्सिङ डाइरेक्टर गंगादेवी गुरुङ, नर्सिङ मेट्रोन विकासकु मार तथा नर्सिङ सुपरभाइजर गोमा केसी के कार्यालय समय मे कार्यकक्ष मे जाके युनियन सम्बन्धी विवाद करके धाकधम्की देके ज्यान मारे तक के डर देखाके कार्यस्थल मे हुलदंगा कईला से श्रम ऐन २०७४ के दफा १३१ (४) (क) बमोजिम खराब आचरण भितर परला से उहे दफा बमोजिम सेवा से काहे ना हटावेके ओकर जवाफ पत्र प्राप्त भईल मिति से ७ दिन भितर जवाफ देवेके कहल गर्यल बा । म्याद भितर जवाफ ना अईला मे भा चित्त बुझेवाला जवाफ ना अईला मे सेवा से भी हटावेके जनावल गईल उ बतवले बाडन ।
कर्मचारीलोग उहे दिन जिल्ला प्रशासन कार्यालय मे शान्ति सुरक्षा के व्यवस्था मिलावे खातिर निवेदन दर्ता करवले बाडन । शिक्षण अस्पताल मे ट्रेड युनियन गठन भईला के बाद कलेज के एकेडेमिक डाइरेक्टर नुशरत जहा अन्सारी, हस्पिटल डाइरेक्टर ईशरत जहा अन्सारी, नर्सिङ डाइरेक्टर गंगा गुरुङ, नर्सिङ सुपरभाइजर गोमा केसी, नर्सिङ प्रशासक अताउल रहमान, मुकेश कुश्वाहा तथा एचआर अफिसर सुधा साह ट्रेड युनियन ना चाहिं कहत कागज मे सही छाप ना कईला पर गेट भितर घुसे ना देवेके जबर्जस्ती विपक्षीलोग आपन अफिस के कोठरी मे बोला के अनेकन धाकधम्की देहला से कार्यस्थल मे काम करेके सहज वातावरण ना भईल आ शान्ति सुरक्षा के व्यवस्था के माग सिहत उजुरी देहल अखिल नेपाल स्वास्थ्य श्रमिक संघ ट्रेड युनियन के अध्यक्ष प्रयाग राउत अहिर बतवले बानी ।
बितल शनिचर के दिने युनियन के बईठक से ११ बुँदे माग पेस कईले रहे । कर्मचारी के हकहित के खातिर युनियन गठन करके माग पेस कईला पर ओकर प्रतिशोध मे व्यवस्थापन कर्मचारी के डर–त्रास देखावल आ निलम्बन कईल अध्यक्ष अहिर बतवले बानी । ‘जईसे भी कारबाही करेके उद्देश्य से सफाइ के मौका ना देके युनियन के पदाधिकारी के निलम्बन कईल बा,’ कहत उ, ‘कर्मचारी के साविक बमोजिम कामकाज करे मिलेके सहज वातावरण मिलावेके माग कईल गईल बा ।’






