रौतहट मे पत्रकार उपर आक्रमण

रौतहट मे पत्रकार उपर आक्रमण

रौतहट २३ माघ

समाचार संकलन मे गईल पत्रकार उपर रौतहट के कटरिया नगरपालिका– ९ स्थित बाबा बैजनाथ सुगर एन्ड केमिकल प्रालि परिसर मे मंगर के दिने आक्रमण भईल बा ।

नेपाल पत्रकार महासंघ रौतहट शाखा के सदस्य कृष्ण तिवारीमाथि बबाबैजुनाथ सुगर मिल परिसर मे आक्रमण भईल बा । आक्रमण से पत्रकार तिवारी के छाती आ आँख के किनार मे चोट लागल बा । घायल तिवारी के गरुडास्थित हेल्थ ल्यान्ड अस्पताल मे ईलाज हो रहल बा । उनका के आउर ईलाज के खातिर वीरगंज पठावेके तईयारी हो रहल पत्रकार महासंघ रौतहट शाखा के सचिव मदन ठाकुर जानकारी देहनी ।

पत्रकार तिवारी उपर भईल आक्रमण के पत्रकारलोग के अनेकन संगठन भर्त्सना कईले बाडन । पिछिलका कुछ समय से मिल मे उद्योगी ऊँख के तौल घटा रहल कहत किसान विरोध जनावत आईल रहलन । मंगर के दिने सर्लाही के किसान से लियावल ऊँख के तौल घटला के बाद मिल प्रशासन विरुद्ध आन्दोलन मे उतरल रहलन । कुछ समय किसानलोग ऊँख जोखेवाला जगहा मे नाराबाजी कईलें । उहे समय समाचार संकलन मे पुगल पत्रकार तिवारी उपर आक्रमण भईल बा । मिल मालिक के ईशारा मे खुद उपर आक्रमण भईल पत्रकार तिवारी आरोप लगवनी ।

जिल्ला प्रहरी प्रमुख एसपी महेन्द्र श्रेष्ठ घटना मे संलग्न एक जने के पकडल गईल जानकारी देहनी । ‘हमनी पत्रकार उपर आक्रमण करेवाला एक जने के नियन्त्रण मे लेहल गईल बा,’ कहत उ, ‘घटना मे आउर भी सलग्न बा÷कि ना कहके सोधपुछ हो रहल बा ।’

मिल संचालक बैजुबाबरा पत्रकार उपर हमनीसब आक्रमण ना कईल दाबी कईनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Check Also

Close
Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।