माघ २७ गते वीरगंज मे २८६० वाँ सोनाम (डुक) ल्होछार मनावल जाई

माघ २७ गते वीरगंज मे २८६० वाँ सोनाम (डुक) ल्होछार मनावल जाई

वीरगंज २५ माघ

तामाङ समुदाय के समृद्ध साँस्कृतिक सम्पदाके संरक्षण आ प्रवद्र्धन मे समर्पित नेपाल तामाङ घेदुङ आ टासी साङ्ग थार्वालिङ्ग बौध गुम्मा वीरगंज ईहे माघ २७ गते वीरगंज मे २८६० वाँ सोनाम (डुक) ल्होछार मनावेके जनवले बा ।

बिपिसि कलेज मे आयोजना कईल पत्रकार सम्मेलन मे नेपाल तामाङ घेदुङ जिल्ला सचिव छेदुप लामा माघ २७ गते शनिचर के सबेरे ७ बजे से १० बजे तक टासी साङ्ग थार्वालिङ्ग बौद्ध गुम्बा भिस्वा परिसर मे पुजा अर्चना करके सबेरे के सत्र समापन होखेके आ ११ बजे से गुम्बा से निकलेवाला शोभायात्रा नगरपरिक्रमा के बाद पुरानो बसपार्क आदर्शनगर कार्जक्रम स्थल पुगके सांस्कृतिक तथा सम्मान कार्जक्रम होखेके बतवनी ।

उ शोभायात्रा के बाद कार्जक्रम स्थल मे डेढ घण्टा के मुख्य ल्होछार के पुजा (दशाग्रहको ) होखी जउना मे सभी दर्शकलोग सहभागिता जनावे सकेके बतावत उ अवसर मे गुम्बा आ तामाङ समुदाय मे उल्लेखनिय योगदान पुगावल आदमीलोग के सम्मान करेके जनावल गईल बा ।

उ अवसर मे समुदाय के सांस्कृतिक पहिचान के अभिन्न अंग भईल परम्परागत नृत्य आ गितसब प्रस्तृत करेके साथे कार्जक्रम के केन्द्रबिन्दु बोनपो आ लाम्बा कलाकारलोग के मनमोहन प्रस्तुती होखेके पत्रकार सम्मेलन मे जनावल गईल रहे ।

कार्जक्रम स्थल मे १० गो अनेकन समुदाय के सांस्कृतिक परम्परागत परिकार के खानासब के स्टल रहेके जनावल गईल बा । उ कार्जक्रम के खातिर करिब ३ लाख खर्च होखेके आ ओकरा खातिर वीरगंज महानगरपालिका मुख्य प्रयोजक रहल लामा बतवनी ।

नेपाल तामाङ घेदुङ वीरगंज महानगर अध्यक्ष मनोज लामा के अध्यक्षता मे भईल पत्रकार सम्मेलन मे कार्जक्रम संयोजक सन्नी पाख्रीन, नेपाल तमाङ घेदुङ के महानगर उपाध्यक्ष मुकेश लामा, सदस्यलोग सागर लामा, अमृत लामा, बिजय लामा, प्रेस सेन्टर नेपाल के केन्द्रिय सदस्य निरज पिठाकोटे मगर, जगत राई, आदिवासी जनजाति पत्रकार संघ पर्सा के अध्यक्ष अजित भुजेल लगायत सञ्चारकर्मीलोग के सहभागिता रहल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।