गौर अस्पताल मे पत्रकार यादव उपर दुव्र्यवहार पत्रकार महासंघ रौतहटद्धारा दोषी उपर कारवाही के माग

गौर अस्पताल मे पत्रकार यादव उपर दुव्र्यवहार पत्रकार महासंघ रौतहटद्धारा दोषी उपर कारवाही के माग

रौतहट २७ माघ

प्रादेशिक अस्पताल गौर रौतहट के सुधार के खातिर बेर–बेर सुमक्ष तरिका से आवाज उठईला पर अस्प्ताल के मेसु डा. मुरारी ठाकुर आ अध्यक्ष मोहम्मद अनवर हास्मी पत्रकार मेवालाल यादव उपर दुव्र्यवहार कईले बाडन ।

हमनी के जिल्ला स्वास्थ्य क्षेत्र मे बहुते पछाडि परल बा । जिल्ला मे बडका अस्पताल के रूप मे प्रादेशिक अस्पताल गौर एक मात्र रहल बा माकिर ईहाँ राजनीतिक खिंचातानी से अभी मिलेवाला सेवा सुविधा गरिब, निमुखा, मध्य वर्ग के मरेजीलोग के ना मिलला से बाहर निजी अस्पतालसब मे मोटकस रोपेया तिरेमे बाध्य भईल पत्रकार यादव बतवले बानी ।

लगभग ६ महिना से राजनीति आ व्यक्तिगत स्वार्थ सिद्ध करे खातिर मेसु विवाद प्रादेशिक अस्पताल गौर अभी गाँव घर के आधारभूत अस्पताल से खराब अवस्था मे पुगल जनावल गईल बा ।

दक्ष डाक्टर, कर्मचारी भईला पर भी बढिया व्यवस्थापन होखे ना सकला से कभो स्वास्थ्यकर्मीलोग आपन कामकाज बन्द करेके सुचना आह्वान करेलन आ नेपाल सरकार से तोकके पठावल दवाई अस्पताल मे ना मिलला से बाहर के दोकान से किनेमे बाध्य भईल बाडन लगायत के दर्जनो समस्या देखल गईला पर पत्रकार मेवालाल यादव एक स्थानिय भईला से भी माघ २६ गते दिनके करिब ३ बजे के समय मे ६ बुदें माग सहित सूचना के हक अन्तर्गत सूचना माग करे गईला पर अस्पताल संचालक समिति के अध्यक्ष मोहम्मद अनवर हास्मी आ मेसु डा. मुरारी ठाकुर लगायत आउर कर्मचारीलोग उहाँ दर्ता करे ना देवेके, गाली बेइज्जती, दुर्ववहार आ पिटपाट भी कईल यादव बतवले बानी ।

यादव उपर दुव्र्यवहार, पिटपाट आ गाली देवेवाला आदमी उपर नियमनकारी निकाय से कारवाही के माग कईला के साथे कानुन मुताविक मुद्दा देवेके भी पत्रकार यादव बतवले बानी । पत्रकार यादव मुनलाईट टिभी के मधेश प्रदेश व्युरो आ आरोहि टिभी के सञ्चालक भी रहल बाडन ।

घटना के बिरोधमे नेपाल पत्रकार महासंघ रौतहट शाखा के सचिव मदन ठाकुर एक प्रेस विज्ञप्ति जारी करत प्रादेशिक अस्पताल गौरमे भईल दुव्यर्ववहार के घोर भत्र्सना करत घटना के छानबिन करके दोषी उपर कारवाही के माग भी कईले बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।