कालिकामाई गाँवपालिका पुर्ण खोप घोषणा, सहजोग करेवाला सम्मानित

कालिकामाई गाँवपालिका पुर्ण खोप घोषणा, सहजोग करेवाला सम्मानित

वीरगंज २९ माघ

पर्सा के कालिकामाई गाँवपालिका आजु एगो कार्जक्रम के बीच पुर्ण खोप घोषणा भईल बा ।

कालिकामाई गाँवपालिका कार्यालय हरिहरपुर बिर्ता मे रहल नेराप्रावि के प्राङ्गण मे आयोजना कईल कार्जक्रम मे प्रमुख अतिथि जिल्ला समन्वय समिति पर्सा के उपसभापति पुरन प्रसाद कुर्मी पुर्ण खोप घोषण लगायत स्वास्थ्य समबन्धि कार्जक्रम मे जनानी स्वमसेविकालोग के योगदान महत्वपूर्ण रहल बतवले रहनी । जनानी स्वमसेविकालोग दिनरात घटके सेवा के भावना से निश्वार्थ भावना से सहजोग कईल चर्चा करत सभी मे हार्दिक बधाई देहले रहनी । स्वयंसेवीकालोग के गाँवपालिका से जिविकोपार्जन के खातिर आर्थिक सहजोग कईल जरुरी रहल बतावत पालिका पुर्ण खोप से आउर जिमवारी स्वास्थ्यकर्मीलोग मे बढल उपसभापति कुर्मी बतवनी ।

“स्थानिय स्वामित्व आ सहभागिता पुर्ण खोप सुनिश्चित्ता हमनी के प्रतिवद्धता’ नारा के साथ पालिका से खटल स्वास्थ्यकर्मीलोग घर–घर मे पुगके गाँवपालिका के १६ सय ५६ जने ५ बरीस से कमके लईकालईकी के खोप लगईला के बाद गाँवपालिका पूर्ण खोप घोषणा भईल बा ।

कार्जक्रम मे स्वास्थ्य कार्यालय पर्सा के प्रमुख बरिष्ठ जनस्वास्थ्य अधिकृत मुक्ति नारायण साह स्वास्थ्य रहे खातिर खोप जरुरी रहल बतवनी । ५ बरीस निचेके लईकालईकी के १३ गो नियमित खोप, समय मे खोप लगईला के बाद स्वस्थ्य रहेमे सहजोग पुगेके बतावत भौतिक विकास निर्माण सँगे मानव स्वास्थ्य सेवा भी जरुरी रहल बतवनी । आजु के पुर्ण खोप घोषणा से अब स्वास्थ्यकर्मी आ जनप्रतिनिधिलोग के विशेष जिमवारी थपाईल बा । नियमित खोप लगायत स्वास्थ्य समबन्धि आउर कामसब मे हमनी के सहजोग रहेके जनस्वास्थ्य प्रमुख साह प्रतिबद्धता जनवले रहनी । कालिकामाई गाँवपालिका पुर्ण खोप घोषणा जिल्ला के अन्तिम गाँवपालिका ह । अब जलदी हि जिल्ला के पुर्ण खोप घोषणा करेके बतवनी । जनस्वास्थ्य प्रमुख साह मधेश प्रदेश मे दुसरका जगहा मे पर्सा जनस्वास्थ्य कार्यालय भईला मे खुसी लागल बतवले रहनी ।

कार्जक्रम मे पालिका अध्यक्ष बशिष्ठ गुप्ता पूर्ण खोप घोषणा पत्र पढके पूर्ण रुप मे खोप युक्त वार्ड आ गाँवपालिका घोषणा कईले रहनी । स्वास्थ्यकर्मीलोग से कईल काम के सराहना करत स्वास्थ्यकर्मीलोग सेवा मे दिन रात खटके सभी के मत जितल अध्यक्ष गुप्ता बतवनी ।

अध्यक्ष गुप्ता गाँवपालिका मे आपन पहिलका प्राथमिकता स्वास्थ्य, शिक्षा रहल आ अभी नयाँ सोच लेके आईल बानी, आवेवाला दिन मे सुरक्षित प्रसुती आपन गाँवघर के स्वास्थ्य संस्था मे करावेके, एगो भी सुत्केरी जनानीलोग के गाँवपालिका बाहर जाए ना देवेके प्रतिबद्धता जनवले बानी ।

कार्जक्रम मे गाँवपालिका के प्रमुख प्रशासकीय अधिकृत नमोनाथ यादव गाँवपालिका के जनानीलोग के खोप के महत्व के बारे जनचेतना अभिवृद्धि करेके जरुरत अभी भी रहल बतवनी । खोप ना मिलला पर पाँच बरीस निचेके लईकालईकीसब मे अनेकन किसिम के बेमारी लागेवाला भईला से बच्चा जनमते मातर चिकित्सक के सल्लाह मुताविक हरेक खोप समय मे लगावे खातिर सुझाव देहले रहनी ।

अधिकृत यादव जनानी स्वास्थ्यकर्मी आ स्वयं सेविकालोग के सराहना करत गाँवपालिका के पूर्ण खोप घोषणा भईल बतवनी । पालिका अध्यक्ष गुप्ता के अध्यक्षता मे भईल कार्जक्रम मे उपाध्यक्ष राजमती देबी बरैन, खोप सुपरवाईजर प्रमुख जयमोद ठाकुर, युनिसेफ के बेबी प्रसाईं, रानराज राणा, वार्ड अध्यक्ष लालबाबु चौरसिया, संजय पटेल, सोनालाल चौरसिया, जयनारायण कुर्मी, कार्यपालिका सदस्य चनरज्योती देबी, मालती देबी, ललिता देबी, अकलिया खातुन, गाँवपालिका सदस्य, कर्मचारी, स्वास्थ्यकर्मी, सुरक्षाकर्मी लगायत के सहभागिता रहल रहे ।

पुर्णखोप घोषणा करावे मे सहजोग करेवाला स्वास्थ्यकर्मीलोग के दोसल्ला ओढाके प्रमाणपत्र देके सम्मानित भी कईल रहे । पुर्ण खोप घोषणा कार्जक्रम मे पत्रकार लालबाबु बानिया लगायत सम्मानित भईल रहनी । कार्जक्रम मे विद्यालय के विद्यार्थी, कर्मचारीलोग सास्कृतिक कार्जक्रम प्रस्तुत कईले रहलन । कार्जक्रम के सहजिकरण गाँवपालिका स्वास्थ्य संयोजक योगेन्द्र चौरसिया कईले रहनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।