चुरे संकल्प पद यात्रा चलत १० वां दिन कलैया पुगल

चुरे संकल्प पद यात्रा चलत १० वां दिन कलैया पुगल

प्रभु यादव

बारा २७ पुस

चुरे तथा वन जंगल संरक्षण अभियान चलावत सुनिल यादव भारदह सप्तरी से चुरे संकल्प पद यात्रा चल के १० वाँ दिन कलैया के भरत चौक पर जनता सब के जनकारी करावले बानी ।

चुरे वन जंगल संरक्षण आ सम्वर्धन के खातिर मधेश के मरूभुमि बनावे से बचावेला सभे मिलकर के आवाज उठाई नारा सहित के बाईनर बोक के छव जने जनानी सहित ११ जने सप्तरी के भारदह से हुलाकी राजमार्ग होते वीरंगज तक पहुचे के क्रम मे कलैया के भरत चौक पर कोणसभा कईले रहलन ।

कोणसभा के प्रमुख अतिथी बारा नागरिक समाज के अध्यक्ष उमेशलाल दास मधेश आन्दोलन भईल सभे योगदान कईले माकिर पानी के मुहान दहन होखे ना रोकला के कारण जवान यादव सचेतना जगावे खातिर पद यात्रा मे निकलल बानी कहके बतवनी । नेपाल मे रहल तीन तह के सरकार मधेश के प्रति कवनो ध्यान ना देहला से बाध्य होकर के सचेत होकर के संरक्षण करेला जन जागरण करहल दास बतावले बानी । चुरे संरक्षण करेला प्रशासन के अगाडि बढके चाहिँ माकिर निरीह होकर के रहल नागरिक समाज के अध्यक्ष दास सिकायत कईले रहनी ।

कोणसभा पद यात्रा के प्रमुख अगुवा सुनिल यादव के सभापतित्व मे भईल जवना मे सरकार के सभे निकाय मे वन जंगल होरहल नास रोक के पानी के मुख्य स्रोत के बचावे के जनकारी आ खबरदारी कईला वाद ना सुनला पर मधेश प्रदेश के जनता के अवाज उठावेला जनकारी करारहल बतवले बानी । जमिन हिन के नाम पर सुकुमवासी के जगह कुछ लोग के जंगल काटके देरहल जमिन सरकार गैर जिम्मेवार काम कर रहल यादव बतावले बानी ।

गरिब, दलित आ जमिन विहिन के नाम पर गैर लोग के लालपुर्जा सरकार देरहल सिकायत पद यात्री यादव बतावले बानी । मधेश प्रदेश मे ईहे वरीस पानी के केतना हाहाकार भईल रहल रहे सभे के मालुम भईल बात बा जंगल काटल ओहसे जादा विकराल समस्या लियावे मे सरकार लागल यादव बतवले बानी ।

प्रसौनी चौक पर सभा के आयोजना कर के वीरंगज पहुँच के पद यात्रा सम्पन्न करे के यादव जनकारी करावले बानी । कार्जक्रम मे बैधनाथ मधेशी के सञ्चालन मे भईल जवना मे जनता सचेत के अभियन्ता पूर्व प्रध्यापक चन्द्रप्रकाश सुवेदी, पत्रकार, समर्थक सभे के सहभागिता रहल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Check Also

Close
Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।