बारा के बरियापुुर मे रोड पर लास राखके प्रदर्शन

बारा के बरियापुुर मे रोड पर लास राखके प्रदर्शन

प्रभु यादव

बारा ०४फागुन

बारा मे अज्ञात सवारीसाधन के ठोकर से घायल के ईलाज के समय मे मृत्यु भईला के बाद उनकर आफन्त आ गाँवके लोग रोड पर लास राखके प्रदर्शन कईले बाडन ।

अज्ञात सवारीसाधन ठोकर देखके घायल बनावल महागढीमाई नगरपालिका वार्ड नम्बर २ के हरेन्द्र मिश्रा के ईलाज के समय मे मृत्यु भईला के बाद उनकर आफन्त आ गाँवके लोग हुलाकी राजमार्ग अन्तर्गत इनर्वा चोक मे लास राखके प्रदर्शन कईले रहलन ।

सरस्वती पूजा के दिन पूजा के खातिर साइकल मे कलैया जारहल मिश्रा के बरियापुर के चेकपोष्ट लगे अज्ञात गाडी ठोकर मरले रहे । ठोकर मारके भागल सवारीसाधन के पहिचान करेके, मृतक के क्षतिपूर्ति देवेके आ डाईबर के पकडके कारबाही करेके लगायत के माग राखके टायर बारके प्रदर्शन कईले रहलन ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।