दु समूह वीच के झडप मे पर के मृत्यु भईल पटेल के परिवार के १० लाख आर्थिक सहजोग

प्रभु यादव
बारा ८ चईत
बारा मे कातिक २५ गते छठ पबनी के दिन दु पक्ष बीच भईल झडप मे पर के मृत्यु भईल कलैया उपमहानगरपालिका वार्ड नम्बर २५ के १८ वरीस के राधेश्याम पटेल के परिवार के नेपाल सरकार से आर्थिक सहजोग मिलल बा ।
हिन्दु मुस्लिम समुदाय बीच झडप मे पर के घायल भईल पटेल के एल.एस. न्युरो तथा जेनेरल होस्पिटल बीरगंज मे उपचार करावे के बखत पुस २१ गते मृत्यु भईल रहल रहे । पटेल के मरला वाद जिल्ला प्रशासन कार्यालय मे पाँच बुंदे सहमति भईल रहे ।
सहमति कार्यान्वयन करे खातिर मँगर के दिन जिल्ला प्रशासन कार्यालय बारा के सभाहल मे प्रतिनिधि सभा सदस्य रामबाबु कुमार यादव, प्रदेश सभा सदस्य पारस प्रसाद साह, प्रमुख जिल्ला अधिकारी कृष्ण बहादुर कटुवाल, जिल्ला प्रहरी कार्यालय बारा के प्रमुख प्रहरी उपरीक्षक दिलिप सिंह देउवा, सशस्त्र प्रहरी १२ नं गण के गणपति सशस्त्र प्रहरी उपरीक्षक राजेन्द्र थापा संयुक्त रुप मे मृतक के पिताजी राजकुमार राउत कुर्मी के १० लाख के चेक देहले बा ।
प्रमुख जिल्ला अधिकारी कटुवाल चेक देहत घटना मे संलग्न ८ जने उपर ज्यान मारेवाला उधोग मुद्दा दर्ता होके बतवले रहनी । घटना मे संलग्न एक जने के पकडल गईल बतावले बानी । बाँकि रहल ७ जने के खोजि कार्य कईल जारहल कटवला बतावले बानी । प्रजिअ कटुवाल मृतक के क्षतिपूर्ति मधेश प्रदेश से ५ लाख, कलैया उपमहानगरपालिका १ लाख ५० हजार, सँघिय सरकार से उपचार के खर्च १२ लाख उपलब्ध करावे के आश्वासन आईल बतवले बानी । मृतक के परिवार के एक सदस्य के रोजगार के व्यवस्था समेत करे के पहल कईल जारहल प्रजिअ कटवाल जनाकारी करावले बानी ।
प्रजिअ कटुवाल राहत स्वरुप प्रदान कईल गईल आर्थिक सहजोग से मृतक परिवार के नाम मे जग्गा खरिद कर के मृतक के चिनहा रुप मे परिणत करेला आग्रह समेत कईले रहलन । मृतक के परिवार के सहजोग करेवाला सम्पुर्ण मे धन्यवाद देहले बानी ।
पटेल के परिवार के क्षतिपूर्ति दियावेला हिन्दु परिषद नेपाल बारा कलैया मे दिन्हु प्रदर्शन करते आईल बा । जवना के फलस्वरूप सोमार के आर्थिक सहजोग मिलल हिन्दु परिषद नेपाल बारा के अध्यक्ष गोपाल दास बतावले बानी ।






