सरस्वती के मुर्ति डुबावे के विषय मे झडप के बाद रौतहट मे कर्फ्यु आदेश
सरस्वती के मुर्ति डुबावे के विषय मे झडप के बाद रौतहट मे कर्फ्यु आदेश

रौतहट ०५ फागुन
रौतहट मे सरस्वती के मुर्ति डुबावे के विषय मे झडप भईला के बाद स्थिति नियन्त्रण मे लेवे खातिर प्रशासन कर्फ्यू आदेश जारी कईले बा । ईशनाथ नगरपालिका–७ घिउराटोल मे सरस्वती के मूर्ति डुबावे के विषय मे शनिचर के सँझिया दु पक्षबीच झडप भईल रहे । झडप मे कुछ स्थानीय घायल भईल बाडन । अभी घटनास्थल मे बहुते संख्या मे सुरक्षाकर्मी परिचालन कईल बा ।
प्रमुख जिल्ला अधिकारी हिरालाल रेग्मी दु पक्षबीच झडप के अवस्था सिर्जना भईला के बाद स्थिति नियन्त्रण मे लेवे खातिर कर्फ्यू आदेश जारी कईल बतवनी । उनका मुताविक पूर्व मे जोकाहा गाँव, पश्चिम मे घिउरा, उत्तर मे रामपुरखाप आ दक्षिण मे जयनगर तक के क्षेत्र मे अनिश्चितकाल तक के खातिर कर्फ्यू आदेश जारी कईल बा ।
घिउरा गाँव के स्थानीय सरस्वती के पूजा करके शुक के दिने लगेके पोखरा मे मूर्ति डुबावे लेजाए लागला के बाद दोसर पक्ष डिजे बाजा बजावल कहत अवरोध सिर्जना कईले रहे । ओकरा बाद मूर्ति डुबावे जाएवाला के रास्ता मे मूर्ति राखके बईठल रहलन । शनिचर के दिने स्थानीय प्रशासन के रोहबर मे दुनु पक्ष के राखके साम्प्रदायिक सद्भाव कायम राखे खातिर अनुरोध करत मूर्ति डुबावे देवेके सहमति भईल रहे ।
जिल्ला प्रहरी प्रमुख एसपी महेन्द्र श्रेष्ठ सरस्ती के मूर्ति डुबावे लेजाए देवेके आ डिजे बाजा दोसर रास्ता से लेजाए देवेके सहमति भईला पर भी कुछ उच्छृंखल आदमीसब ईटापथल चलईला के बाद स्थिति तनावग्रस्त बनल बतवनी ।
‘अभी अनिश्चितकाल तक के खातिर कर्फ्यू आदेश जारी भइल बा, ‘उ कहनी, ‘इहाँ के स्थिति अनकुल नईखे । हमनी स्थिति नियन्त्रण मे लेत दुनु पक्ष के सम्झावेके प्रयास कर रहल बानी ।’
झडप मे दुनु पक्ष के आदमीसब घायल भईला पर भी पुलीस ई बारेमे जानकारी देहले नईखे । घट्नास्थल मे नेपाल पुलीस के मधेश प्रदेश प्रमुख डिआईजी यज्ञबिनोद पोख्रेल आ सशस्त्र प्रहरी के मधेश प्रदेश प्रमुख डिआईजी दिपेन्द्र शाह भी पुगल रहलन । मूर्ति डुबावे के बिषय मे झडप आ साम्रदायिक सद्भाव बिगडे ना देवे खातिर बहुते संख्या मे सुरक्षाकर्मी परिचालन कईल बा । ई गाँव मे पिछिलका ५ बरीस से मूर्ति डुबावे के बिषय मे दु पक्षबीच झडप होत आईल बा ।






