मनोकामना मावि के २५ वाँ वार्षिकोत्सव पुरा
महानगर भितर शिक्षा क्षेत्र मे सुधार हो रहल ः मेयर सिंह

वीरगंज । वीरगंज महानगरपालिका वार्ड नम्बर ३ भगवती टोल मे रहल मनोकामना माध्यमिक विद्यालय के २५ वाँ वार्षिकोत्सव पुरा भईल बा ।
कार्जक्रम के प्रमुख अतिथि वीरगंज महानगरपालिका के मेयर राजेशमान सिंह असम्भव कहल कुछो नईखे, आदमी केवल चाहना मुताविक अगाडि बढला पर सभी पुरा होखी कहके बतवले रहनी । हम शिक्षा क्षेत्र मे धिरे–धिरे सुधार कर रहला से अभी हि हडबडाएके अवस्था ना रहल बतवनी ।
वीरगंज महानगरपालिका मे बदलाव आ रहल बा, बदलाव के कारण अपने सभीलोग के सहजोग रहल बतवनी । विद्यार्थीलोग के कला प्रस्तुती मे कउनो किसिम के कमी ना रहला पर भी एसईई परिक्षा ओराते मातर वीरगंज से बाहर पठावेवाला प्रवृति के रोकल जरुरी रहल मेयर सिंह बतवनी ।
मनोकामना मावि के डाइरेक्टर पुरन प्रधान के अध्यक्षता मे भईल कार्जक्रम मे वीरगंज महानगरपालिका वार्ड नम्बर ४ के वार्ड अध्यक्ष जगत साह कानु, वार्ड नम्बर ५ के वार्ड अध्यक्ष प्रदिप चौरसिया, प्याब्सन के केन्द्रीय सदस्य छेडुप लामा, वरिष्ठ उपाध्यक्ष हरि श्याम ठाकुर, मधेस प्रदेश के वरिष्ठ उपाध्यक्ष श्याम केसी, सदस्य इमामुदिन अहमद, उपाध्यक्ष शिवजी गुप्ता, महानगर अध्यक्ष आलोक चौरसिया, सचिव राहुल श्रीवास्तव, प्रिन्सिपल संगीता प्रधान, नेपाल पत्रकार महासंघ पर्सा के उपाध्यक्ष युवराज खडका, प्रेस सेन्टर नेपाल केन्द्रीय सदस्य जगत राई लगायत के उपस्थित रहल रहे । कार्जक्रम मे उत्कृष्ट विद्यार्थीलोग के सम्मान कईल गईल रहे । कार्जक्रम मे सञ्चालन सुनिल कुमार कईले रहनी ।






