वीरगंज बजार दिनभर तनावग्रस्त, अनिश्चितकालीन कर्फ्यु ४ घण्टा खातिर खुला, झडप मे ११ पुलीस घायल

भोटा. संवाददाता÷
वीरगंज ०७ फागुन,
जिल्ला प्रशासन कार्यालय पर्सा सार्वजनिक सूचना जारी करके वीरगंज महानगरपालिका क्षेत्र मे सँझिया ५ बजे से अनिश्चितकालीन कर्फ्यु आदेश जारी कईले रहे ।
माकिर सोमार के रात मे जिल्ला प्रशासन कार्यालय पर्सा के प्रमुख जिल्ला अधिकारी दिनेश सागर भूषाल दोसर सूचना जारी करत सर्वसाधारण के सुविधा के दृष्टिगत करके फागुन ८ गते मंगर के सबेरे ६ बजे से १० बजे तक के खातिर बजार खुल्ला कईल जनवले बानी । १० बजे के बाद स्थानिय प्रशासन ऐन, २०२८ के दफा ६ क. बमोजिम जारी कईल कफ्र्यु आदेश यथावत रहेके प्रमुख जिल्ला अधिकारी भूषाल बतवले बानी ।
रौतहट के ईशनाथ नगरपालिका के मोतीपुर मे सरस्वती के मूर्ति डुबावे के विषय के लेके हिन्दु आ मुस्लिम समुदायबीच पाँच दिन से जारी विवाद के लेके वीरगंज मे भी सोमार के दिने दु गो फरक समुदाय बीच जगहा जगहा मे झडप होके स्थिति तनावपूर्ण भईला के बाद स्थानीय प्रशासन कर्फ्यु लगावल पर्सा के प्रमुख जिल्ला अधिकारी दिनेश सागर भुषाल जानकारी देहनी ।
स्थानीय प्रशासन से जारी कईल कर्फ्यु आदेश के सूचना मे वीरगंज के सीमा क्षेत्र पूर्व मे नगवा चोक, पश्चिम मे तिलावे पुल, उत्तर मे परवानीपुर आ दक्षिण भन्सार के मितेरी पुल भितर महानगर के क्षेत्र मे कर्फ्यु लगावल उल्लेख बा ।
सोमार के दिन मे कुछ हिन्दुवादीलोग प्रदर्शन करत बजार बन्द करावेके समय मे हिन्दुवादी आ पुलीस बीच जगहा जगहा मे झडप भईल रहे । हिन्दुवादीलोग से जुलुस निकाल के बजार बन्द करावत गईला पर समूह बनाके मुख्य सडक मे आईल मुस्लिम समुदाय के एक समूह आदर्शनगर आ महावीरस्थान मे हिन्दु धर्म के झण्डा फारे लागला के बाद स्थिति तनावपूर्ण बनला पर भी पुलीस हस्तक्षेप करके स्थिति नियन्त्रण मे लेहले रहे ।
माकिर बाद मे वीरगंज के इदगाह चोक मे मुस्लिम समुदाय के कुछ युवालोग सडक मे टायर बारके प्रदर्शन कर रहल समय पुलीस हस्तक्षेप करत लाठीचार्ज कईला के बाद स्थिति फेनु बिगडल रहे । उ समय मे प्रदर्शनकारी पुलीस उपर ईटापथटल चलावल आ पुलीस भीड तितरबितर करे खातिर १० राउन्ड से बेसी अश्रुग्यास प्रहार कईले रहे ।
झडप मे ११ जने पुलीस घायल भईल बाडन । जिल्ला प्रशासन कार्यालय पर्सा के प्रमुख जिल्ला अधिकारी दिनेश सागर भुषाल के मुताविक दु पक्षबिच विवाद साम्य बनावे पुगल पुलीस के निसाना बनाके ईटापथल चलईला से नेपाल पुलीस के ९ जने आ सशस्त्र पुलीस के २ जने करके ११ जने घायल भईल बाडन ।
एकरा से पहिले हिन्दु समाज नामक समूह के अगुवाइ मे हिन्दुवादीलोग रौतहट, महोत्तरी लगायत के जिल्ला मे हिन्दु उपर अत्याचार भईल कहत ओमे संलग्नलोग के कारबाही के माग करत जिल्ला प्रशासन कार्यालय पर्सा मे ज्ञापनपत्र बुझवले रहलन ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।