कर्फ्यु से वीरगंज के जनजिवन प्रभावित, सामाजिक सद्भाव कायम राखेके निहोरा, बुध के दिने कर्फ्यु ५ घण्टा खातिर खुला
कर्फ्यु से वीरगंज के जनजिवन प्रभावित, सामाजिक सद्भाव कायम राखेके निहोरा, बुध के दिने कर्फ्यु ५ घण्टा खातिर खुला

वीरगंज ०८ फागुन
जिल्ला प्रशासन कार्यालय पर्सा मे मंगर के दिने बईठल जिल्ला सुरक्षा समिति के बईठक से सोमारसे जारी कर्फ्यु के बुध के दिने ५ घण्टा खुला करेके निर्णय कईले बा ।
पर्सा के प्रमुख जिल्ला अधिकारी दिनेश सागर भूषाल एक सूचना जारी करत सर्वसाधारण के सुविधा के दृष्टिगत करके फागुन ९ गते मंगर के सबेरे ६ बजे से ११ बजे तक के खातिर बजार खुल्ला कईल जनवले बानी । ११ बजे के बाद स्थानिय प्रशासन ऐन, २०२८ के दफा ६ क. बमोजिम जारी कईल कफ्र्यु आदेश यथावत रहेके प्रमुख जिल्ला अधिकारी भूषाल बतवले बानी ।
कर्फ्यु लगईला पर भी मंगर के दिने वीरगंज के अवस्था दिनभर तनावग्रस्त रहल । कर्फ्यु लागला पर भी वीरगंज के जगहा–जगहा मे हिन्दुवादीलोग टायर बारके प्रदर्शन कईले रहलन । घडिअर्वा मे मंगर के सबेरे टायर बारके प्रदर्शन कईललोग के पुलीस भगावे के खोजला पर प्रदर्शनकारी आ पुलीस बीच झडप भईल रहे ।
कर्फ्यु के चलते वीरगंज महानगर क्षेत्र पूर्ण रुप मे ठप्प रहला के साथे जनजिवन प्रभावित बनल बा । कर्फ्यु लागल समय प्रदर्शन कईल आ कर्फ्यु उल्लंघन कईल आरोप मे पकडाईल २१ जने युवालोग के मंगर के रात छुटल बाडन ।
जिल्ला प्रशासन कार्यालय पर्सा मे हिन्दु समाज पर्सा आ स्थानीय प्रशासनबिच सहमति भईला के बाद पुलीस मंगर के दिने अनेकन जगहा से पकडल २१ जने युवालोग के मंगर के रात करिब १०ः३० बजे रिहा कईल पर्सा के प्रहरी नायब उपरीक्षक कुमार विक्रम थापा बतवनी । छुटेवाला मे पर्सा के पकाहामैनपुर के रामेश राम, वीरगंज घडिअर्वा के राजन साह कानु, रिसभ मिश्रा, राकेश यादव, रजनिश यादव, बारा के देवताल के नरेश राम, वीरगंज नगवा के सुभाष पाल, पर्सा के जगरनाथपुर के जितेन्द्र यादव लगायत के रहल हिन्दू समाज के अगुवा रन्जित साह बतवनी ।
रिहा भईल युवालोग के जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा अगाडि हि हिन्दु युवा समाज के अगुवालोग रन्जित साह, कृष्ण चौरसिया, अभिषेक तिवारी, विश्वप्रकाश निषाद लगायत के लोग भगवा रंग के टीका लगाके स्वागत कईले रहलन ।
एहितरे जिल्ला प्रशासन कार्यालय पर्सा मे मंगर के दिने बईठल सर्वदलीय बईठक से वीरगंज मे सदियो से कायम जातजाति, भाषा, धर्म, समुदाय बीच के एकता के आउर मजबुत बनावेके साथे सामाजिक सद्भाव कायम राखे खातिर सामूहिक प्रयास करेके निर्णय कईल बा ।
वीरगंज मे दु धर्म समुदाय बीच के द्वन्द्व के चलते सोमार से उत्पन्न तनाव के साम्य करे खातिर मंगर के दिने बईठल बईठक से नेपाली जनताबीच के सु–सम्बन्ध आ एकता के विखण्डन करेके खोजेवाला कउनो भी दुष्प्रयास के निष्फल बनावे खातिर सामूहिक प्रयास करेके निर्णय भईल पर्सा के सहायक प्रमुख जिल्ला अधिकारी शिव लम्साल बतवनी ।
एहितरे बईठक मे वीरगंज मे रहल धार्मिक स्थलसब मे नाराबाजी, जुलुश लगायत के विरोध के कार्जक्रम ना करे ना करावेके आ अईसन किसिम के गतिविधि करेवाला के कानुनी कारबाही के दायरा मे लियावे खातिर पुलीस प्रशासन के सहजोग करेके सहमति भईल लम्साल बतवनी ।
साथे बईठक से खुल्लमखुल्ला रुप मे डिजे बजावेके आ बेसी आवाज मे माइक बजावेके, राँके जुलुश, लाठीभाला सहित के जुलुश निकालेके लगायत के क्रियाकलाप करेवाला विरुद्ध कानुन बमोजिम कारबाही करे खातिर प्रशासन समक्ष निहोरा करेके आ एमे सभी दल से सहजोग करेके सहमति भईल निर्णय भईल बा ।
जिल्ला के शान्ति सुरक्षा आ अमन चयन के खलल परेवाला किसिम के धार्मिक आ सामाजिक सद्भाव बिगाडे एंव द्वन्द्व के उस्कावेवाला किसिम के अवाञ्छित गतिविधि के साथे धार्मिक, साम्प्रदायिक जुलुस, बन्द हड्ताल लगायत के गतिवधि कउनो भी संघसंस्था आ समुदाय से ना करेके आ एमे सभी दल, नागरिक समाज आ संघसंस्था से सहजोग करेके सहमति भईल लम्साल बतवनी ।
एहितरे सामाजिक सञ्जाल मे कउनो भी जातजाति, धर्म भा समुदाय के लक्षित करके नकारात्मक बातसब पोष्ट करे करावेवाला उपर प्रशासन कडा कारबाही करेके निर्णय भी भईल उ बतवनी ।




