वीरगंज आ रौतहट के कर्फ्यू हटल
वीरगंज आ रौतहट के कर्फ्यू हटल

वीरगंज ०९ फागुन
वीरगंज मे दु फरक धर्मसमुदायबीच के द्वन्द्व के चलते सोमार से लगावल गईल कर्फ्यू बुध के रात १० बजे से लागू होखेवाला किसिम से पूर्णरूप मे हटावल गईल बा ।
पर्सा के प्रमुख जिल्ला अधिकारी दिनेश सागर भुषाल एक सूचना जारी करत वीरगंज मे लगावल गईल कर्फ्यू आदेश रात १० बजे से हटावल जानकारी करवले बानी । वीरगंज के अवस्था सामान्य होत गईला से कर्फ्यू पूर्णरूप मे हटावल गईल सूचना मे उल्लेख बा ।
एकरा से पहिले बुध के सबेरे बईठल जिल्ला सुरक्षा समिति के बईठक से वीरगंज महानगर क्षेत्र मे सोमार के सँझिया ५ बजे से जारी कईल कर्फ्यू आदेश बुध के सबेरे ११ बजे से रात १० बजे तक के खातिर मात्र हटावेके निर्णय कईले रहे ।
रौतहट ÷ रौतहट के ईशनाथ नगरपालिका मे स्थानीय प्रशासन से लगावल कर्फ्यु बुध के सँझिया से हटावल गईल बा ।
ईशनाथ–७ घिउरा गाँव मे सरस्वती के मूर्ति डुबावे के विषय मे दु पक्षबीच झडप भईला के बाद बितल शनिचर के दिने प्रशासन अनिश्चितकाल के खातिर कर्फ्यु आदेश जारी कईले रहे । अवस्था समान्य बनला के बाद बुध से कर्फ्यु हटावल गईल बा ।
अवस्था भडके सकेके कहत स्थानीय प्रशासन इशनाथ नगरपालिका के वार्ड नम्बर २, ३, ४, ५, ६ आ ७ मे कर्फ्यु लगावल गईल रहे । अभी अवस्था सामान्य बनला से कर्फ्यु हटावल गईल प्रमुख जिल्ला अधिकारी हिरालाल रेग्मी जानकारी देहनी ।
बसन्त पञ्चमी के अवसर मे पूजा के खातिर राखल सरस्वती के मूर्ति के बितल शनिचर के दिने डिजे बाजा के साथ डुबावे गईला पर घिउरा गाँव मे दु पक्षबीच झडप भईल रहे । ओकरा बाद स्थानीय प्रशासन उ नगरपालिका के २ से ७ नम्बर वार्ड तक अनिश्चितकाल के खातिर कर्फ्यू आदेश जारी कईले रहे ।
सदरमुकाम गौर मे सर्वपक्षीय भेला मे सहमति बनला के बाद मूर्ति डुबावे मे सहज भईल जिल्ला प्रहरी कार्यालय के डीएसपी एलिजा गिरी बतवनी । ‘ईशनाथ गाँव के अभी अवस्था समान्य बा,’ उ कहनी, ‘अवस्था सामान्य बनला के बाद सँझिया से कर्फ्यु हटावल गईल बा ।’
दु समुदायबीच झडप भईला के बाद मधेश प्रदेश प्रमुख डीआईजी यज्ञविनोद पोखरेल, सशस्त्र प्रहरी के मधेश प्रदेश प्रमुख डीआईजी दिपेन्द्र शाह आ राष्ट्रिय अनुसन्धान के मधेश प्रमुख डीआईजी सन्जय यादव रौतहट आके सर्वदलीय बईठक राखके दुनु पक्ष के सहमति मे लियाके मूर्ति डुबवले रहलन ।




