राप्रापा रौतहट प्रजिअ मार्फत प्रधानमन्त्री के बुझवलख ज्ञापनपत्र
राप्रापा रौतहट प्रजिअ मार्फत प्रधानमन्त्री के बुझवलख ज्ञापनपत्र

मेवालाल यादव
रौतहट ०९ फागुन
राष्ट्रिय प्रजातन्त्र पार्टी रौतहट ४० बुँदे ज्ञापन पत्र प्रमुख जिल्ला अधिकारी हिरालाल रेग्मी मार्फत प्रधानमन्त्री के बुझवले बाडन ।
पार्टी रौतहट जिल्ला अध्यक्ष बिजेन्द्र प्रसाद साह के नेतृत्व मे गईल टोली प्रजिअ रेग्मी के ज्ञापन पत्र बुझवले बा ।
राप्रपाद्धारा बुझावल ज्ञापन पत्र मे राजसंस्था आ हिन्दू राष्ट्र के पुनःस्थापना, प्रदेश संरचना खारेजी, बरियार केन्द्र आ अधिकार प्राप्त स्थानीयतह रहल दु किसिम के सरकार, भ्रष्टाचार नियन्त्रण, सुशासन के प्रत्याभूति, राष्ट्रियता, विकास सुशासन, सेवा प्रवाह एवं जनजीवीका से प्रत्यक्ष सम्बन्ध तथा देश के दीर्घकालीन हित के अनेकन विषय उठान कईल बा ।
राप्रपा के ज्ञापनपत्र बुझला के बाद प्रजिअ रेग्मी प्रधानमन्त्री के कार्यालय मे तत्काल ज्ञापानपत्र पठावेके बतवनी । ज्ञापनपत्र बुझावेके काम पुरा भईला के बाद केन्द्र के निर्देशन मुताविक आउर शान्तिपूर्ण कार्जक्रम जिल्ला मे सञ्चालन करेके जनावल गईल बा । राप्रपा ई आन्दोलन व्यवस्था परिवर्तन के खातिर भईल जनावत आईल बा ।






