साहिब दरबार के कार्जक्रम मे ४ जनानी सहित ६२ जने कईलें खुनदान

साहिब दरबार के कार्जक्रम मे ४ जनानी सहित ६२ जने कईलें खुनदान

वीरगंज १२ फागुन

वीरगंज महानगरपालिका वार्ड नं. २१ परवानीपुर मे आयोजना कईल कार्जक्रम मे ६२ जने खुनदान कईले बा ।वीरगंज–२१ परवानीपुर स्थित कन्साइ नेरोलेक पेन्ट्स परिसर मे साहिब दरबार से आयोजना कईल कार्जक्रम मे ४ जनानी सहित ६२ जने खुनदान कईले बाडन ।

खुनदान करेवाला मे निशा कार्की, सङ्गीता दास, नेत्र कुमारी खनाल, सोनी कुमारी चौधरी, कृष्ण पटेल, दिलिप पाण्डे लगायत खुनदान कईल रक्तसञ्चार केन्द्र वीरगंज के प्राविधिक प्रमुख सौरभराज पाण्डेय बतवनी ।कार्जक्रम मे वीरगंज महानगरपालिका के मेयर राजेशमान सिंह खुनदान करके उदघाटन कईले रहनी ।

खुनदान करेवाला के मेयर सिंह प्रशंसा पत्र देहले रहनी ।साहिब दरबार के अध्यक्ष उमेशलाल सहनी के अध्यक्षता मे भईल खुनदान कार्जक्रम मे साहिब दरबार के पजुनुमैया त्वायना, सुरज गुप्ता, शिव गुप्ता, संगिता दास, वीरगंज सामुदायिक आँखा अस्पताल के सञ्चालक महेश सिंह धामी लगायत के सहभागिता रहल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।