अभियान सफल बनावेमे सभी के साथ आ सहजोग जरुरी : अधिकृत ठाकुर

अभियान सफल बनावेमे सभी के साथ आ सहजोग जरुरी : अधिकृत ठाकुर

अजय चौरसिया

वीरगंज १२ फागुन

“खोप जीवन रक्षा करेला” कहके नारा के साथ स्वास्थ्य कार्यालय पर्सा के आयोजना मे राष्ट्रिय खोप कार्जक्रम २०८०÷०८१ दादुरा रुबेला खोप अभियान अन्र्तगत जिल्ला स्तरीय खोप समन्वय समिति तथा सरोकारवाला सँगे अभिमुखिकरण गोेष्ठी शनिचर के दिने पुरा भईल बा ।

वीरगंज हेल्थ केयर हस्पिटलके सभाहल मे आयोजना कईल गोष्ठी मे स्वास्थ्य कार्यालय पर्सा के जनस्वास्थ्य अधिकृत (खोप अधिकृत) जयमोद ठाकुर फागुन १३ गते से सुरु होखेवाला पहिलका चरण के खोप अभियान अन्तर्गत पहिलका दिन वीरगंज महानगरपालिका वार्ड नम्बर ३ विर्तास्थित त्रिजुद्ध मावि के परिसर मे ९ महिना से १५ बरीस निचेके लईकालईकी के खोप लगाके अभियान के शुभारम्भ कईल जाएके बतवनी । एकरा खातिर सभी तईयारी पुरा भईल भी बतवनी ।

फागुन १३ गते से २१ गते तक होखेवाला पहिलका चरण के खोप अभियान मे वीरगंज महानगरपालिका वार्ड नं. ४, पोखरिया नगरपालिका, पर्सागढी नगरपालिका, जीराभवानी गाँवपालिका, जगरनाथपुर गाँवपालिका, पटेर्वा सुगौली गाँवपालिका आ सखुवाप्रसौनी गाँवपालिका रहल बा । एहितरे फागुन २७ गते से चईत ५ गते तक दुसरका चरण के अभियान मे महानगरपालिका के वार्ड नं. ४ बाहेक के सभी वार्ड, बहुदरमाई नगरपालिका, ठोरी, छिपहरमाई, पकहाँ मैनपुर, बिन्दबासिनी, धोबिनी आ कालिकामाई गाँवपालिका रहल ठाकुर बतवनी ।

ठाकुर के मुताविक पर्सा जिल्ला मे अनुमान कईल २ लाख १५ हजार ३ सय ५८ लक्षित लईकालईकी रहला मे जम्मा खोप केन्द्र ११४८ रहल बतवनी । जउना मे खोप देवेवाला स्वास्थ्यकर्मी २२९६ रहल बाडन आ स्वयंसेवक ३४४४ जने खटेके बतवनी । पर्सा जिल्ला के सभी मदर्सा, सरकारी स्कूल, बोर्डिङ्ग स्कूल, स्वास्थ्य चौकी मे खोप लगावल जाएके बतवनी ।

ई खोप जिवन खातिर बहुते महत्वपूर्ण रहला के चलते सभी गारजियनलोग आपन ९ महिना से १५ बरीस तक के लईकालईकी के अनिवार्य रुपमे खोप लगावे खातिर निहोरा कईले रहनी । अभियान के समय मे दादुरा–रुबेला के खोप लगावेके समय मे होखे सकेवाला सम्भावित अवाञ्छित घटना व्यवस्थापन के खातिर चिकित्सकलोग के भी जिम्मेवारी देहल गईल बतवनी ।

अभियान सफल बनावे खातिर स्थानिय जनप्रतिनिधि, स्कूल के शिक्षक शिक्षिका, गारजियनलोग के भूमिका महत्वपूर्ण होखेवाला भईला से सभी से सहजोग करे खातिर निहोरा कईले रहनी ।

कार्जक्रम मे जिल्ला समन्वय समिति के उपप्रमुख पुरन कुर्मी, स्वास्थ्य कार्यालय पर्सा के प्रमुख डाक्टर मुक्ति नारायण साह, वीरगंज महानगरपालिकाका स्वास्थ्य महाशाखा प्रमुख अनिल यादव, वीरगंज उद्योग वाणिज्य संघ पर्सा के अध्यक्ष अनिल पटवारी, नेपाल पत्रकार महासंघ पर्सा के अध्यक्ष अनुप तिवारी, सामाजिक अभियन्ता प्रकाश थारु लगायत के सहभागिता रहल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।