सात बरीस के लइकी के बलात्कार कईल आरोप मे एक जने पकडईलें

वीरगंज ०७ बैशाख
वीरगंज मे सात बरीस के लइकी के बलात्कार कईल आरोप मे एक जने पकडाईल बाडन । वीरगंज महानगरपालिका–२४ के ३६ बरीस के प्रमोद सर्राफ के पुलीस पकडले बा । उलोग विरूद्ध सोमार के दिने पडोसी लइकी के १० रोपेया देके भुलियाके बलात्कार कईल अभियोग लागल पुलीस जनवले बा ।
जबर्जस्ती करणी मुद्दा मे पर्सा जिल्ला अदालत से सात दिन के म्याद अनुमति लेके घटना के बारे मे आउर अनुसन्धान शुरू कईल जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा के प्रहरी प्रवक्ता प्रहरी नायब उपरीक्षक ओमप्रकाश खनाल जानकारी देहनी ।






