आगलागी से चार गो घर जरके नोक्सान

आगलागी से चार गो घर जरके नोक्सान

वीरगंज १३ फागुन

पर्सा जिल्ला के जिराभवानी गाँवपालिका–१ चमरी टोल मे एतवार के दिने भईल आगलागी से घर जरके नोक्सान भईल बा । दुपहरिया करिब १२ बजे के समय मे अचानक आगलागी भईला पर स्थानीय मुन्ना नट के ४ गो फुस के घर कुछ देर मे जरके नोक्सान भईल रहे ।

वीरगंज से पुगल बारुणयन्त्र आगी बुतईला पर भी ४ गो घर, ओमे रहल लत्ताकपडा, गरगहना, अन्नपात आदि भी जरके नोक्सान भईल मुन्ना बतवनी । उनकर बेटा बुधन के एक महिना के बाद बियाह कईल आ बियाह के तईयारी के खातिर खरिद कईल लत्ता कपडा, चाउर, गरगहना, श्रृङ्गार के सामान आदमी भी जरके नोक्सान भईल उ बतवनी ।

विद्युत सर्ट होके आगलागी भईल अनुमान कईल बा । सामाजिक अभियन्ता प्रकाश थारु तत्काल वीरगंज स्थित निखिल ज्वेलर्स के सहजोग मे मिलल चाउर, दाल, तेल, नुन, चिउरा, मसला लगायत के राहत सहजोगस्वरुप हस्तान्तरण कईले रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।