बचतकर्ता के १ अरब से बेसी रोपेया हिनामिना करेवाला सहकारी के सञ्चालक के पकडेके सिफारिस

वीरगंज ०७ भादो
वीरगंज महानगरपालिका बचतकर्ता के १ अरब से बेसी रोपेया हिनामिना करेवाला सहकारी के सञ्चालक के पकडेके सिफारिस कईले बा ।
बचतकर्तालोग के १ अरब से बेसी निक्षेप रकम फिर्ता करे ना सकला से सम्पर्कविहीन भईल सानो पाइला बचत तथा ऋण सहकारी संस्था लिमिटेड के समस्याग्रस्त घोषणा करके सञ्चालकलोग के पकडके कारबाही करे खातिर महानगरपालिका अनेकन निकाय मे पत्राचार कईले बा ।
वीरगंज महागरपालिका–१० आदर्शनगरस्थित सहकारी के समस्याग्रस्त संस्था घोषणा करके सञ्चालकलोग के पकडके कारबाही करे खातिर महानगरपालिका भूमि व्यवस्था, सहकारी तथा गरिबी निवारण मन्त्रालय, नेपाल प्रहरी के केन्द्रीय अनुसन्धान ब्यूरो(सीआईबी) आ नेपाल राष्ट्र बैंक के भादो ४ गते अलग अलग पत्रचार कईले बा ।
पत्र मे उ सहकारी सहकारीजन्य ठगी के कसूर करके संस्था के सदस्यलोग बचत कईल करिब १ अरब रोपेया हिनामिना करके फिर्ता ना कईल देखल गईला से उ संस्था के समस्याग्रस्त संस्था घोषणा करके संस्था के सञ्चालक आ पदाधिकारीलोग के पकडके कारबाही करेके माग कईल बा ।
महानगर भूमि व्यवस्था, सहकारी तथा गरिबी निवारण मन्त्रालय के पठावल पत्र मे लम्हर समय से बचतकर्तालोग के निक्षेप फिर्ता करे खातिर असक्षम सानो पाइला सहकारी के समस्याग्रस्त घोषणा करे खातिर सिफारिस कईल बा ।
अईसन नेपाल राष्ट्र बैंक के लिखल पत्र मे सहकारी के संरक्षक, पूर्व सञ्चालक, वर्तमान सञ्चालक तथा लेखा सुपरिवेक्षण समिति के सदस्यलोग समेत के बैंक खता के साथे चल–अचल सम्पत्ति रोक्का करे खातिर महानगर सिफारिस कईले बा । एहितरे सिआइबी के पठावल पत्र मे संस्था के संस्थापक एवं संरक्षक गितेन्द्रबाबु (जिबी राई), अध्यक्ष अनन्तबाबु राई, उपाध्यक्ष सुनित श्रेष्ठ, सचिव देवेन्द्रबाबु राई, कोषाध्यक्ष कुमार रम्तेल, सदस्य अशोक यादव, थानबहादुर बुढामगर आ धिरज दास, संस्था के व्यवस्थापक असरफ अली, पूर्व उपाध्यक्ष नेहा पौडेल, पूर्व सचिव तस्बिरन मियाँ, पूर्व कोषाध्यक्ष सृष्टि मानन्धर सहित १५ जने के पकडके अनुसन्धान करके कारबाही के खातिर सिफारिस कईल बा ।
सहकारी से ठगी कईल कसुर मिलला के बाद समस्याग्रस्त घोषणा करे खातिर सिफारिस करत कारबाही आ सम्पत्ति रोका के खातिर सिफारिस कईल महानगरपालिका के सहकारी, रोजगार तथा उद्यम प्रबद्र्धन शाखा के प्रमुख सुनिल कर्ण जानकारी देहनी ।
उ कहनी, ‘उ सहकारी संस्था सहकारी जन्य कसुर करके संस्था के सदस्यलोग के बचत रकम फिर्ता ना कईल, सेयर सदस्यलोग के हित विपरीत रकम हिनामिना करके खुद आ आपन आफन्त के नाम मे सम्पत्ति लुकाके सहकारी संस्था के आउर संस्था से एकीकरण कईल, बचतकर्तालोग के बचत रकम फिर्ता ना करेके मनसाय से आर्थिक कारोबार कईल देखल गईल, ओहिसे उ संस्था के समस्याग्रस्त घोषणा करके सञ्चालक तथा पदाधिकारीलोग उपर छानबिन करके कारबाही के खातिर जरुरी कागजात सहित तीन गो निकाय मे महानगर सिफारिस सहित के पत्र पठवले बा ।’
कर्ण के मुताविक सहकारी सदस्यलोग बचत कईल निक्षेप रकम फिर्ता करे ना मानल कहत महानगरपालिका के सहकारी, रोजगार तथा उद्यम प्रबद्र्धन शाखा मे एक सय १५ गो लिखित उजुरी परल बा ।
सददस्यलोग के उजुरी परे लागला के बाद महानगरपालिका संस्था के संरक्षक जिबी राई सहित के सञ्चालकलोग के बितल असाढ २४ गते महानगरपालिका के कार्यालय मे बोलवले रहे । उ बईठक मे सञ्चालक आ व्यवस्थापकसब समस्या समाधान के खातिर १५ दिन के समय मँगले रहे ।
उ समय बितला के बाद महानगरपालिका के एक टोली सहकारी के कार्यालय मे अनुगमन के खातिर पुगल रहे । माकिर अनुगमन मे पुगला पर सहकारी के कार्यालय मे संरक्षक, सञ्चालक, पदाधिकारी आ व्यवस्थापक मेसे केहु भी ना मिलल कर्ण बतवनी ।






