बारा के कलैया मे दादुरा–रुबेला खोप अभियान जारी
बारा के कलैया मे दादुरा–रुबेला खोप अभियान जारी

प्रभु यादव
बारा १४ फागुन
बारा के १६ स्थानिय तह मेसे छ गो मे एतवार से सुरु भईल दादुरा रूबेला के सुई सोमार के दिने भी जारी रहल बा । कलैया उपमहानगर पालिका मे मेयर विनोद साह श्री ३ चन्द्र माव मे उपमेयर रौशन प्रविन आ प्रमुख प्रशासकिय अधिकृत नाथु साह दुर्गा मावि बरेवा मे एके समय मे सुई देके उदघाटन कईल स्वास्थ्य कार्यालय के प्रमुख रामनरेश यादव जनकारी करावले बानी ।
तीन चरण मे होखेवाला कार्जक्रम मे पहिलका चरण मे कलैया उपमहानगरपालिका, जितपुर सिमरा उपमहानगरपालिका, परवानीपुर गाँवपालिका, प्रसौनी गाँवपालिका, फेटा गापा, विश्रामपुर गाँवपालिका मे फागुन १३ गते से २२ गते तकले चलावल जा रहल यादव जनकारी करावले बानी ।
अभियान मे ९ महिना से १५ बरिस के उमेर समुह के लईकालईकी सभे के अनिवार्य दादुरा–रुबेला खोप लेवेके बतवले रहनी । रोगविरुद्ध प्रतिरोधात्मक क्षमता अभिवृद्धि करेके उद्देश्य से अभियान सञ्चालन कईल जारहल यादव बतावले बानी ।






