वीरगंज–१९ मे खोप समन्वय समिति के अभिमुखिकरण

वीरगंज–१९ मे खोप समन्वय समिति के अभिमुखिकरण

वीरगंज १५ फागुन

वीरगंज महानगरपालिका वार्ड नं. १९ स्थित विन्दवासिनी स्वास्थ्य चौकी मे राष्ट्रिय खोप कार्जक्रम अन्र्तगत वार्ड स्तरीय एम.आर. खोप अभियान बारे खोप समन्वय समिति के अभिमुखिकरण कार्जक्रम पुरा भईल बा ।

वीरगंज महानगरपालिका स्वास्थ्य महाशाखा पर्सा के आयोजना मे बिन्दबासिनी स्वास्थ्य चौकी के सभाहल मे भईल कार्जक्रम मे स्वास्थ्य चौकी के ईन्चार्ज शिव हरि तिवारी फागुन २७ गते से चईत ५ गते तक वार्ड भितर रहल निजि तथा सरकारी सभी स्कुल मे खोप लगावेके आ स्कूल मे छुटल लईकालईकी के खोप अभियान के अन्तिम दिन बिन्दवासिनी स्वास्थ्य चौकी मे लगावेके बतवनी ।

९ महिना से १५ बरीस निचेके लईकालईकी के दादुरा रुबेला खोप लगावे खातिर सभी गारजियनलोग के निहोरा कईले रहलन । खोप अभियान मे दादुरा खोप (ःच्) लगावेके साथे एऋद्य, म्एम्, क्ष्एद्य खोप लगावेके छुटल लईकालईकी के खोप कार्ड सहित सहभागी होके खोप लागावे खातिर प्रमुख तिवारी आह्वान कईले बानी ।

खोप कार्जक्रम मे कर्मचारी तथा स्वयंसेवकलोग के खुद सकेभर सहजोग करके कर्मचारीलोग के मनोबल बढावेके ओरी जनप्रतिनिधि एवं अभिभावकलोग से निहोरा कईले रहलन । वार्ड नं. १९ के कार्यवाहक वार्ड अध्यक्ष उपेन्द्र प्रसाद यादव के सभापतित्व मे पुरा भईल अभिमुखिकरण कार्जक्रम मे स्थानिय बिन्देश्वर चौरसिया, बिनोद चौरसिया, रामचन्द्र चौरसिया, राजेश चौरसिया, वार्ड सचिव घनश्याम प्रसाद कुर्मी, स्वास्थ्य चौकी के कर्मचारी, स्वयंवेक, स्थानिय भद्रभलादमी लगायत के सहभागिता रहल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।