हुलाकी सडक निर्माण मे चितवन राष्ट्रिय निकुञ्ज के अवरोध

हुलाकी सडक निर्माण मे चितवन राष्ट्रिय निकुञ्ज के अवरोध

वीरगंज १७ फागुन

चितवन राष्ट्रिय निकुन्ज के अवरोध से हुलाकी सडक अन्तर्गत वीरगंज–ठोरी सडक खण्ड मे अधुरा रहल साढे ४ किलोमिटर सडक अभी भी पुरा होखे सकल नईखे ।

हुलाकी राजमार्ग निर्देशनालय योजना कार्यालय वीरगंज के इन्जिनियर एवं सूचना अधिकृत सन्जयकुमार ठाकुर निकुञ्ज प्रशासन के अभी तक जारी अवरोध से ठोरी गाँवपालिका मे अधुरा रहल साढे ४ किमी हुलाकी सडक पिंच होखे ना सकल बतवनी ।

‘निकुञ्ज के कोर एरिया मे पक्की सडक बनावे ना मिली कहत निकुञ्ज प्रशासन अभी तक अवरोध करत आईल बा,’ कहत उ, ‘हमनी बेर–बेर निकुञ्ज प्रशासन के अवरोध ना करे खातिर निहोरा कईनी, माकिर समस्या के समाधान ना भईल ।’

सडक निर्माण करे मे अवरोध भईला के बाद २ बरीस पहिले सडक निर्माण के काम अधुरा छोडके ठेकेदार कालिका÷बानियाँ जेभि कम्पनी फिर्ता गईल रहे । ठेकेदार कम्पनी कागजी रुप मे भी काम पुरा कईले बा ।

ठोरीबासीलोग भी लम्हर समय से हुलाकी सडक के काम अवरुद्ध भईला से पिडित बाडन । स्थानीय प्रकाश खनाल ठोरीबासी के लम्हर प्रतीक्षा के बाद वीरगंज–ठोरी हुलाकी सडक मूर्त रुप लेहला पर भी ई सडक के पूर्णता ना देके अधुरो छोडल दुःखद रहल बतवनी ।

‘वीरगंज–ठोरी आ ठोरी–माडी सडक ठोरीबासी के सपना ह,’ कहत उ, ‘माकिर अनेकन प्राविधिक जटिलता देखाके ई दुनु सडक के काम मे अवरोध कईल बा, एकरा से ठोरी के समग्र विकास मे तगारो लागल बा ।’ पिछिलका समय अधुरा रहल हुलाकी सडक के एलाइन्मेन्ट हि परिवर्तन करके मानव बस्ती के बीच से लेजाएके प्रयास हो रहल भी हमनीसब के जानकारी मिलल खनाल बतवनी ।

‘जदी एलाइन्मेन्ट परिवर्तन करके हुलाकी सडक के मानव बस्ती के बीच से लेजाएके प्रयास होखी त उ हमनी के स्वीकार्य ना होखी,’ कहत उ, ‘घना बस्ती के बीच से राजमार्ग लेगईला पर दुर्घटना के जोखिम बढेके आ व्यावहारिक रुप मे भी झन्झटिलो हो सकता ।’

दोसर स्थानीय रन्जित थापा अधुरा छोडल हुलाकी सडक खण्ड मे ढेडु खोला के पुल भी निर्माण ना भईला से वर्षायाम मे हुलाकी सडक मे आवागमन करेमे समस्या हो रहल बतवनी । ‘एकओरी हुलाकी सडक अधुरा छोडल गईल, दोसर ओरी ईहे सडक मे एगो पुल ना बनावल गईल,’ कहत उ, ‘ई त हाथी आईल, पोछ अडकल जईसन भईल ।’

हुलाकी सडक निर्माण अगाडि अध्ययन कईला पर निकुञ्ज प्रशासन से समन्वय करेके बदले ओईसन ना करके सडक निर्माण काम सुरु कईला के बाद बाधा अवरोध अईला मे सरकारी कार्यालयसब बीच के समन्वय आ तालमेल के कमी प्रमुख कारण रहल थापा के आरोप बा ।

ठोरी–माडी सडक खण्ड मे हरेक दिन सयो के संख्या मे मोटरसाइकल, म्याजिक भ्यान, मालबाहक ट्रकसब चलेला । ई बाहेक ठोरी से चितवन होत काठमाण्डु तक ८ गो रात्री बस भी चलेला । पिछिलका समय ठोरी मे पर्यटन गतिविधि मे भी वृद्धी भईल बा । माकिर अधुरा हुलाकी सडक से पर्यटक के भी सास्ती होत आईल बा । हुलाकी राजमार्ग निर्देशनालय योजना कार्यालय वीरगंज के इन्जिनियर एवम् सूचना अधिकृत ठाकुर ठोरी मे अधुरा रहल हुलाकी सडक के एलाइन्मेन्ट परिवर्तन करेके योजना तत्काल ना रहल बतवनी । उल्था ईकान्तिपुर

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।