जनकपुर मे स्कुलबस के ठोकर से २ जने के मृत्यु, झडप मे ७ पुलीस घायल

जनकपुरधाम २० फागुन,
जनकपुर मे स्कुल बस के ठोकर से दु जने के मृत्यु भईल बा । एतवार के सबेरे १० बजे ओरी जनकपुरधाम उपमहानगरपालिका–२३ विन्धी मे प्र २–०२–००१ क ०४३१ नम्बर के एञ्जल्स स्कुल के बस बियाह के मटकोर विधि के खातिर माटी लियावे जा रहल जनानीलोग के समूह के ठोकर देहले रहे । ठोकर से जनकपुरधाम उपमहानगरपालिका ३ के ३५ बरीस के राखदी देवी यादव के घटनास्थल मे मृत्यु भईल रहे ।
एहितरे घटना मे घायल जनकपुरधाम उपमहानगरपालिका २३ के ५८ बरीस के देवकली साह के भी मृत्यु भइल बा । उनकर ईलाज के समय मे प्रादेशिक अस्पताल जनकपुर मे मृत्यु भईल जिल्ला प्रहरी कार्यालय धनुषा के प्रहरी प्रवक्ता डीएसपी रञ्जन अवा जानकारी देहनी । एकरा सँगे बस के ठोकर से मृत्यु होखेवाला के संख्या २ पुगल बा ।
घटना मे आउर ६ जने घायल भईल बाडन । जउना मेसे ५० बरीस के अम्बिका देवी झा के अवस्था गम्भीर बा आ उनर आउर ईलाज के खातिर विराटनगर रेफर कईल बा ।
एहितरे घायललोग मे ७० बरीस के पशुपति देवी यादव, भुवनेश्वर देवी यादव, ४ बरीस के सोनुकुमार साह, २४ बरीस के ममता देवी यादव आ ४० बरीस के दलसिया देवी साह रहल जिल्ला प्रहरी कार्यालय धनुषाक ोप्रवक्ता डीएसपी अवा बतवनी । उलोग के प्रादेशिक अस्पताल जनकपुर मे ईलाज हो रहल बा ।
घटना के बाद सबेरे से विन्धी के अवस्था तनावग्रस्त बा । ठोकर देवेवाला बस मे आगजानी आ एक जने के घर मे लुकाईल चालक के आक्रोशित स्थानीय आक्रमण करेके खोजला के बाद पुलीस बल प्रयोग कईले रहे । उ समय मे ईटापथल चलईला से ७ जने पुलीस सामान्य घायल भईल डीएसपी अवा बतवनी ।
स्थिति नियन्त्रण मे लेवे खातिर पुलीस ६ सेल अश्रुग्यास प्रहार कईले रहे । चालक आ बस के जिल्ला प्रहरी कार्यालय धनुषा नियन्त्रण मे लेहले बा ।
एहितरे धनुषा के बटेश्वर गाँवपालिका स्कुल बस के ठोकर से दु जने घायल भईल बाडन ।
बटेश्वर गाँवपालिका ३ स्थित ढल्केवर के चिल्ड्रेन गार्डेन बोर्डिङ स्कुल के ना १ प ८५७२ नम्बर के बस मधेश प्रदेश ०२–००५ प ५७२९ के मोटरसाइकल मे ठोकर मरले बा ।
ठोकर से मोटरसाइकल मे सवार मिथिला नगरपालिका १ लक्ष्मीबास के २६ बरीस के मुकेश महतो आ पछाडि सवार २३ बरीस के रुपेश महतो घायल भईल बाडन । दुनु भाई रहल स्थानीय बतवले बाडन ।
चलक रुपेश गम्भीर घायल रहल धनुषा के प्रहरी प्रवक्ता डिएसपी रञ्जन अवा बतवनी । दुनु जने के ईलाज प्रादेशिक अस्पताल जनकपुर मे हो रहल बा । बस के पुलीस नियन्त्रण मे लेहले बा आ डाईबर भागल बाडन । डाईबर के खोजी काम आ दुर्घटना विषय मे आउर अनुसन्धान कर रहल जिल्ला प्रहरी कार्यालय धनुषा जनवले बा ।






