नारायणी अस्पताल से कोभिड–१९ के ९ जने संक्रमित ठिक होके घर गईलें

वीरगंज १० जेठ

कोरोना भाइरस (कोभिड–१९) से संक्रमित होके वीरगंज के नारायणी अस्पताल के आइसोलेसन मे ईलाज करा रहल ९६ मेसे ९ जने ठिक होके घर गईल बाडन ।

दु बेर के रिपोर्ट नेगेटिभ अईला के बाद आजु सँझिया नेपाली ८ आ भातीय एक करके ९ जने पुरुष डिस्चार्ज भईल बाडन ।

नारायणी अस्पताल के मेडिकल सुपरिडेन्टेन्ट (मेसु) डा. मदन उपाध्याय के मुताविक डिस्चार्ज होखेवाला मे पर्सा के वीरगंज के तीन, बारा के दु, रौतहट के तीन आ एक भारतीय नागरिक बाडन ।

लगातार दुसरका रिपोर्ट नेगेटिभ आईल उलोग के डिस्चार्ज कईल मेसु उपाध्याय बतवनी ।

उपाध्याय के मुताविक अस्पताल से घर गईला के बाद कम्ती मे भी एक हप्ता तक सेल्फ आइसोलेसन मे रहेवाला किसिम से उलोग के डिस्चार्ज कईल बा ।

आडिस्होचार्खेज वाला मे पर्सा जिल्ला के वीरगंज महानगरपालिका–३ घर भइल वीरगंज महानगरपालिका के सरफाइकर्मी ५० बरीस के, वार्ड नम्बर १६ घुसुकपुर के ५१ बरीस के आ वार्ड नम्बर २ के ५० वर्षीय पुरुष रहल चिकित्सक डा. उदय नारायण सिंह बतवनी ।

आजु डिस्चार्ज होखेवाला मे बारा के दु जने मेसे जितपुर सिमरा उपमहानगरपालिका–७ के ४३ बरीस के आ बारा के सिम्रौनगढ नगरपालिका ४ के ३१ बरीस के पुरुष रहल बाडन ।

रौतहट के गुजरा नगरपालिका–५ के ३५ बरीस के आ बिन्दाबन नगरपालिका ९ के २४ बरीस के पुरुष के भी आजु डिस्चार्ज कईल डा सिंह बतवनी ।

एहितरे वैशाख १४ मे ठिक होके अस्पताल से डिस्चार्ज करके पठईला पर भी फेनु एक हप्ता के बाद संक्रमण देखल गईला पर अस्पताल मे लिया के राखल दु जने के भी आजु डिस्चार्ज कईल बा ।

रौतहट के इशनाथ नगरपालिकाका १९ बरीस के युवक आ १ भारतीय के ठिक भईल कहत नारायणी अस्पताल एकरा से पहिले वैशाख १४ गते डिस्चार्ज भईल रहलन ।

वैशाख २१ गते अस्पताल मे लिया के राखला के बाद लगातार दु बेर रिपोर्ट नेगेटिभ आईल आ स्वास्थ्य अवस्था भी सामान्य रहल कहत उलोग के फेनु आजु डिस्चार्ज कईल बा ।

डा. सिंह के मुताविक आजु डिस्चार्ज भईल ९ जने मेसे ८ नेपाली के एम्बुलेन्स मे राख के घर पठावल गईल बा ।

भारतीय नागरिक के नेपाल भारत सीमा नाका बन्द रहला से वीरगंज–३ छपकैया के एक घर मे राखल गईल बा ।

एहितरे नारायणी अस्पताल के आइसोलेसन मे ईलाज करा रहल वीरगंज के दु जने सञ्चारकर्मी के पिछिलका रिपोर्ट नेगेटिभ आईल बा ।

वैशाख ३० मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईला के बाद उहे रात दुनु पत्रकार के नारायणी अस्पताल मे भर्ना कईल रहे ।

उलोग के पहिलका पीसीआर रिपोर्ट नेगेटिभ आईल आ दुसरका रिपोर्ट भी नेगेटिभ अईला के बाद उलोग के डिस्चार्ज करेके मेसु उपाध्याय बतवनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Check Also

Close
Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।