वीरगंज से लागूऔषध सहित २ जने पकडईलें
वीरगंज से लागूऔषध सहित २ जने पकडईलें

वीरगंज २२ फागुन
पर्सा पुलीस वीरगंज से लागूऔषध सहित २ जने के पकडले बा । पकडाएवाला मे मकवानपुर हेटौंडा उमनपा–४ के ३२ बरीस के गणेश घिमिरे आ मकवानपुर बकैया गाँवपालिका–५ के ३५ बरीस के विकास भोलन बाडन ।
उलोग के पुलीस सोमार के रात साढे ८ बजे वीरगंज स्थित नेपाल भारत सीमा मे रहल शंकराचार्य प्रवेशद्वार लगेसे पकडले रहे ।
भारत के रक्सौल से वीरगंज ओरी आ रहल उलोग के प्रहरी चेकिङ टोली खानतलासी कईला पर घिमिरे के साथ से नुरफिन २० एम्पुल, फेनारगन २० एम्पुल, डाइजेपाम २० एम्पुल आ भोलन के साथ से लागूऔषध नुरफिन २५ एम्पुल, डाइजेपाम २५ एम्पुल आ फेनारगन २५ एम्पुल मिलल रहे । दुनु के नियन्त्रण मे लेके उलोग विरुद्ध लागूऔषध सम्बन्धी कसूर मे आउर अनुसन्धान हो रहल जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा के प्रवक्ता डीएसपी कुमारविक्रम थापा जानकारी देहनी ।






