बारा मे बस दुर्घटना मे २३ यात्रु घायल
बारा मे बस दुर्घटना मे २३ यात्रु घायल

प्रभु यादव
बारा २२ फागुन
पथलैया–हेटौंडा सडकखण्ड अन्तर्गत बारा के जीतपुरसिमरा उपमहानगरपालिका वार्ड नं. २२ स्थित ३ नम्बर पुल के बजार लगे मंगर के दिने ना.६ ख ९०३० नम्बर के यात्रुबस दुर्घटना भईला पर २३ यात्रु घायल भईल बाडन । घायल मेसे दु के अवस्था गम्भीर रहल जनावल गईल बा ।
जिल्ला प्रहरी कार्यालय बारा के प्रहरी प्रवक्ता दधिराम न्यौपाने के मुताविक बसमे २३ जने यात्रु सवार रहला मे ५ जने सामान्य ईलाज के बाद घर फिर्ता गईल बतवले बानी । दुर्घटना मे घायल भईल २३ यात्रु मेसे १८ जने के अभी ईलाज हो रहल जउना मेसे दु जनेके आइसियु मे ईलाज हो रहल बा । उनका मुताविक हेटौंडा मे १८ जने आ अमलेखगञ्ज मे चार यात्रु के ईलाज हो रहल बा । सामान्य घायल भईल पाँच जने यात्रु घर गईल बाडन ।
हेटौंडा से जनकपुर ओरी जा रहल यात्रुबस तीन नम्बर पुल के बजार के बगल मे रहल नदी मे गिरल रहे । घटना के बाद बजार क्षेत्र के स्थानीय आ आउर सवारीसाधन के यात्रु घायल के उद्धार कईले रहलन ।
घायल होखेवाला मे हेटौडा–१२ बेलडाडा के नबराज लामा, उनकर बेटी क्षेसन लामा, उहे जगहा के बिष्णु लामा, सुनसरी जिल्ला बिराटनगर रहेवाला रबिन मगर, चितवन भरतपुर म.न.पा. ८ रहेवाला दिपेन्द्र कुमार ठाकुर, उहे जगहा के कबिता ठाकुर, भरतपुर–१० के राखी शाह आ कैलाशनगर रहेवाला अस्मि शाह, हेटौडा उ.म.न.पा.१२ पदमपोखरी के सबिना घलान आ उनकर बेटा प्रियान्स घलान, मकवानपुर थाहा. न.पा. ३ के, दिल कुमारी बि.क., धनुषा–२ के प्रिंयका यादव, रन्जित यादव आ शान्ति देवी यादव, बीरगंज श्रीपुर रहेवाला दुखन खातुन आ जोया खातुन, सर्लाही हरिवन न.पा. ८ के पर्बत भट्टराई आ रेनुका खड्का, सर्लाही लालबन्दी के निशु खड्का के हेटौडा सरकारी अस्पताल मे ईलाज हो रहल जिल्ला प्रहरी कार्यालय बारा के प्रवक्ता दधिराम न्यौपाने बतवनी ।
एहितरे सामान्य घायल रहल सर्लाही हरिपुर न.पा.०२ के रितेश पुलामि, जनकपुर उ.म.न.पा.१४ के जाकिर हुशेन आ वार्ड नं. १ के अन्जलि शाह, सर्लाही कबिलासी गा.पा ०८ के मिना महतो आ मोहत्तरी बर्दिवास न.पा.०२ के अर्जुण ठाकुर ईलाज के बाद घर गईल प्रवक्ता न्यौपाने बतवनी ।






