पुलीस के नियन्त्रण से सिकारी के स्थानीयलोग छोडईला के बाद झडप, ५ राउन्ड हवाई फायर, सिकारी के हथियार पुलीस के नियन्त्रण मे

बारा १६ सावन

सिकारी के आरोप मे हथियार सहित पुलीस से पकडल युवक के स्थानीय मंगर के दिने छिनके भगईला के बाद टाँगियाबस्ती तनावग्रस्त भईल रहे ।

जितपुरसिमरा उपमहानगर पालिका–१६ स्थित प्रस्तावित निजगढ अन्तर्राष्ट्रिय विमानस्थल क्षेत्र के जंगल मे परेवाला टाँगियाबस्ती के स्थानीय उहे वार्ड के ३५ बरीस के सागर लामा के पुलीस के नियन्त्रण से छोडाके लेगईल बाडन । छोडावेके समय मे स्थानीय आ पुलीस बीच झडप के समय मे तनाव भईला के बाद स्थिति नियन्त्रण मे लेवे खातिर पुलीस ५ राउन्ड हवाई फायर कईले रहे ।

उ समय मे स्थानीय के समूह पुलीस उपर कईल ईटापथल चलईला से दु जने कनिष्ठ प्रहरी अधिकृत के चोटपटक लागल बा । प्रहरी नायब निरीक्षक कलमबहादुर शाही के बायाँ हाथ आ प्रहरी सहायक निरीक्षक बालराज गिरी के बायाँ कुम मे चोट लागके समान्य घायल भईल बाडन । गोप्य सूचना के आधार मे निजगढ इलाका प्रहरी कार्यालय से खटल इन्चार्ज प्रहरी निरीक्षक घनश्याम श्रेष्ठ के नेतृत्व मे खटल प्रहरी टोली उपर स्थानीय के भीड आक्रमण करत आरोपित सिकारी लामा के छोडवले रहलन ।

लामा के घर खनतलासी कईला पर बरामद भईल लोडेड भरुवा बन्दुक पुलीस के नियन्त्रण मे बा । ई बाहेक खानतलासी से बरामद कईल बारुद १ पाव, भरुवा छर्रा २ डब्बा, जंगली जनावर के दाँत २, गोड के नोह ३ आ मोछ १३ थान पुलीस के नियन्त्रण मे रहल प्रहरी निरीक्षक श्रेष्ठ बतवनी । जनावर के उ अंगसब बाघ के रहल शंका कईल बा । उ जंगल क्षेत्र मे सिकारी जंगली जनावर के सिकार करत आईल बाडन आ बेर बेर उ क्षेत्र मे मरल जंगली जनावरसब मिलत आईल बा ।

‘जनप्रतिनिधि के रोहबर मे खानतलासी करके नियन्त्रण लेहल आरोपित सिकारी लामा के गाडी मे पुलीस कार्यालय ओरी लेजारहल समय अप्रत्यासित रुप मे रास्ता मे जम्मा होके रहल २÷३ सय जने के भीड घेरके ईटापथल चलाके जबर्जस्ती आरोपित के छोडाके लेगईलन,’ प्रहरी निरीक्षक श्रेष्ठ कहनी, ‘मानवीय खतरा होखे ना देवे खातिर ५ राउन्ड हवाई फायर करके भीड तितरबितर कईल गईल ।’ आरोपित के खोजी काम सँगे घटना मे संलग्न भईला उपर अनुसन्धान प्रक्रिया सुरु कईल उ बतवनी । ‘बडका हथियार घर मे राखल सूचना मिलला के बाद चेकजाँच कईल रहे,’ उ कहनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।