नेपाल एपीएफ अस्पताल के सहकार्य मे रौतहटके लौकाहा मे निःशुल्क स्वास्थ्य शिविर पुरा, सयों जने लाभान्वित
नेपाल एपीएफ अस्पताल के सहकार्य मे रौतहटके लौकाहा मे निःशुल्क स्वास्थ्य शिविर पुरा, सयों जने लाभान्वित

मेवालाल यादव
रौतहट २६ फागुन
नेपाल एपीएफ अस्पताल सँगे के सहकार्य मे सशस्त्र प्रहरी परिवार महिला संघ रौतहट के परोहा नगरपालिका मे शनिचर के दिने एक दिने निःशुल्क स्वास्थ्य शिविर कईले बा ।
परोहा नगरपालिका वार्ड नम्वर ४ लौकाहा स्थित माध्यमिक विद्यालय मे भईल शिविर के उदघाटन सशस्त्र प्रहरी परिवार महिला संघ के अध्यक्ष सुनिता लामिछाने अर्याल बतवनी । कार्जक्रम मे बोलत उ ग्रामिण भेग के विपन्न परिवार मे स्वास्थ्य सम्वन्धि अनेकन समस्या रहला से ई शिविर के आयोजना कईल बतवनी ।
खास करके जनानी तथा बुढलोग मे जटिल किसिम के स्वास्थ्य समस्या रहेवाला भईला से ई शिविर कईल उनकर कहनाम बा । शिविर मे दक्ष चिकित्सक से निःशुल्क स्वास्थ्य परामर्श तथा औषधी बितरण भईल उ जानकारी देहनी । “सशस्त्र प्रहरी बल नेपाल के सीमाबासी से सशस्त्र प्रहरी कार्जक्रम अन्तर्गत” नेपाल एपिएफ अस्पताल के विशेषज्ञ चिकित्सकलोग द्धारा निशुल्क स्वास्थ्य परिक्षण भईल बा ।
उ निशुल्क शिविर मे साधारण स्वास्थ्य परिक्षण, स्त्री तथा प्रसुती रोग, नाक कान घाँटी, दाँत, आँखा तथा आउर बेमारीसब के भी परिक्षण कईल प्रस्तावित सीमा सुरक्षा गुल्म गौर के सशस्त्र प्रहरी नायब उपरिक्षक अमर लामा बतवनी । उनका मुताविक आर्थिक अवस्था कमजोर भईललोग के लक्षित करके शिविर के आयोजना कईल बा ।
शिविर मे उल्लेखनिय मात्रा मे इहाँ के बासीन्दा स्वास्थ्य परीक्षण करावल उ जानकारी देहनी । गाँव मे निःशुल्क स्वास्थ्य शिविर भईला पर स्थानिय खुसी भईल बाडन । परोहा नगरपालिका के तथा प्रादेशिक अस्पताल गौर के सहकार्य मे शनिचर के सबेरे ८ बजे से भईल स्वास्थ्य शिविर दिनके ३ बजे तक संचालन भईल रहे ।
परोहा नगरपालिका के नगर प्रमुख के अध्यक्षता मे सुरु भईल स्वास्थ्य शिविर के उदघाटन सत्र मे प्रमुख जिल्ला अधिकारी हिरालाल रेग्मी, नेपा प्रहरी के एसपी महेन्द्रकुमार श्रेष्ठ, नेपाली सेना के कर्णेल गंगाबहादुर विष्ट, सशस्त्र प्रहरी के एसपी विक्रम हुमागाई, राष्ट्रिय अनुसन्धान के उपनिर्देशक अभिनय सिंह सहित के एपिएफ अस्पताल के चिकित्सकलोग सहित स्थानीय जनप्रतिनिधिलोग के उपस्थिति रहल रहे ।
विसं २०५९ साल असाढ १७ गते स्थापना भईल सशस्त्र प्रहरी परिवार महिला संघ निःस्वार्थ सेवा भाव के साथ समाज सेवा के क्षेत्र मे निरन्तर क्रियाशील रहत आईल बा । सिमान्तकृत तथा पिछडल क्षेत्र के लईकालईकीसब के निःशुल्क अध्ययन, जेहेन्दार लईकालईकीसब के छात्रबृत्ति प्रदान, विपद् प्रकोप पिडीतलोग के राहत वितरण, देश के अनेकन जगहासब मे स्वास्थ्य शिविर संचालन, राष्ट्रसेवक सशस्त्र प्रहरी कर्मचारी के श्रीमतीलोग के स्वरोजगारमूलक तालिम प्रदान, जनचेतनामुलक कार्जक्रम, खुनदान लगायत के कार्जक्रम सशस्त्र प्रहरी परिवार महिला संघ करत आईल बा ।






