बजार बिस्तार तथा बतकही कार्जक्रम पुरा

बजार बिस्तार तथा बतकही कार्जक्रम पुरा

प्रभु यादव

बारा ०२ चईत

बारा जिल्ला के बारा उद्योग बाणिज्य संघ के सभाहल मे “स्वेदेशी उत्पादन अभियान उद्धमी के सम्मान” मुल नारा के साथ बजार बिस्तार तथा बतकही कार्जक्रम पुरा भईल बा ।

विश्व उपभोक्त दिवस मार्च १५ के दिन स्थापना भईल दिन के सम्झत आ आवेवाला दिन के आउर सरल आ सुलभ तरिका से उपभोक्तालोग के सचेत करावत कार्जक्रम आयोजना कईल रहे ।

बारा उधोग बाणिज्य संघ कलैया के अध्यक्ष तथा कार्यक्रम के प्रमुख अतिथी राजकुमार साह बजार व्यवस्थापन मे उपभोक्त के ध्यान मे राखके व्यवस्थापन के समय मे उपभोक्त आ व्यापारी के नङ आ मासु के सम्बन्ध होखेला, सरकार से प्रष्ट नीति ना भईला से कम्पनी आ बस्ती कहाँ होखेके उ क्लियर करे खातिर अनुरोध निहोरा कईनी । खुला सिमाना भईला से बजार ब्यवस्थापन मे आ व्यापारी मार मे बाडन, भारत के समान कर लगईला पर बजार टोओडि टेन्स सिस्टम लगईला पर राजस्व बेसी उठेके महिला उधमी भईला से हरेक दिन हिसाब राखेमे दिकत बा, निकोटोन के बात कईला पर छोट दोकान कईसे हिसाब राखी, घरेलु खारेजी भईला से व्यापार बन्द भईल माकिर राजस्व कईसे तिरेके ओकरा के व्यवस्था करे खातिर निहोरा कईनी ।

आन्तरिक राजस्व कार्यालय सिमरा कार्यालय के कर अधिकृत पप्पु कुमार गुप्ता ३० लाख तक कारोबार से उपनगर पालिका मे बा त ७५ सय, नगर पालिका मे ४ हजार, गाँवपालिका मे २५ सय राजस्व लागेके आ समय भितर आ.ब.विवरण आ कर तिरेके आ जरिवाना से बँचेके, स्थाई लेखा नम्बर लेके मात्र कारोबार करेके, बिल नियम अनिवार्य लेवे देवेके तथा खाता अध्यावधिक राखेके लगायत के बात मे जोड देहले रहनी ।

घरेलु तथा साना उधोग कार्यालय बारा के अलिसरण अंसारी के अध्यक्षता मे भईल कार्जक्रम मे बारा उधोग बाणिज्य संघ के उपाध्यक्ष प्रदिप साह, महासचिव रामअषिश साह, उपभोक्त हित संरक्षण मञ्च के केन्द्रिय सदस्य नरेश मोदक, मधेस प्रदेस सदस्य अरुण खनाल, बारा उधोग बाणिज्य संघ के सदस्य बिरेन्द्र साह, शशी केशरी, बृजकिशोर साह, मुकेश गुप्ता, उपभोक्त संरक्षण मञ्च के कलैया नगर अध्यक्ष बैधनाथ साह, महिला उद्धमी आ व्यापारी लगायत के सहभागिता रहल रहे ।

बजार व्यवस्थापन, व्यवसायी बढिया आ सुदृढ चलावे खातिर आपन आपन जिज्ञासा उद्धमी रखले रहलन कहके कार्जक्रम सञ्चालक अमोद कुमार यादव बतवनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।