बेमौसमी बरसात से खुशियाली से अधिक चिनता बढल किसान सबमे 

प्रभु यादव

बारा २१ माघ

नेपाल मे पश्चिम के वायु चाप से भईल बेमौसमी बरसात से खुशियाली से अधिक चिन्ता किसान सब मे बढल बा ।

वियफे के रात से परहल पानी से गहु मकई बाली मे फाईदा करी जवना से अधिक रवि बाली दलहन मे नोक्सानी पहुचल चिन्ता किसान सब के बढल बा । फेटा गाँवपालिका के नायव कृषि प्राविधिक संजय कुशवाहा सितलह के समय मे भईल बर्सात के पानी अधिक क्षति दलहन बाली के पहुचाई जनकारी करावले बानी ।

माघ महिना मे दलहन बाली मे फुल लागे के समय भईला से पानी से अधिक ठण्डा होकर के मरे लागि कहत कुशवाहा किसान के लगानी बेयर्थ जाई दुख सुनावले बानी । कलैया उपमहानगरपालिका वार्ड १ कलैया गाँवपालिका के भनु यादव जवन साल दलहन बाली मे फुल लागे के समय मे वर्षात होई ठन्का ठन्की ओह बरीस बाली कम होई जनकारी करावले बानी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Check Also

Close
Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।