पुलीस से बरामद कईल गाडी कवाड बनला के बाद मात्र लिलामी

पुलीस से बरामद कईल गाडी कवाड बनला के बाद मात्र लिलामी

रौतहट ०३ चईत

सुरक्षा निकाय बरामद अनेकन जगहा से करके कारबाही के खातिर दाखिला कईल सवारीसाधन बरीसो से राखके कवाड बनला के बाद भन्सार कार्यालय अबगे लिलाम के तईयारी कईले बा । तस्करी चोरी आ अबैध समान ढुवानी मे प्रयोग होके बरामद भईल ई सवारीसाधन एक दशक तक ओईसही राखके गौर भन्सार लिलाम बिक्रि के सूचना निकलले बा ।

सुरक्षानिकाय २०६८ साल से बरामद कईल जिप, कार, ट्रक, मोटरसाइकल आ टेम्पो लम्हर समय भन्सार कार्यालय ओईसही रखले रहे । खुला जगहा मे राखल ई साधनसब बर्खा के समय डुबान मे परला के बाद कवाड बनल बा ।

भन्सार कार्यालय के मुताविक चईत ५ गते लिलाम करे लागल ९२ गो मोटरसाइकल दर्ता होखेवाला किसिम के बा । माकिर बरामद के समय सद्धे अवस्था मे रहल ११ सय ३८ गो मोटरसाइकल कवाडी अवस्था मे भन्सार कार्यालय लिलाम के सूचना निकलले बा । उ सवारी यातायात कार्यालय मे दर्ता ना होके सिधे स्क्राब (कवाड) मे जाई ।

समय मे लिलाम कईला पर भी ई सवारी से करोडो राजस्व होखित । अभी स्क्राब से जम्मा ३९ लाख ५८ हजार ३२५ मात्र आवेके देखल गईल बा । एहितरे चार चक्के जिप, कार, ट्रक, भ्यान, ट्याक्टर जईसन ७० गो सद्धे सवारीसाधन कवाड बनाके भन्सार से लिलाम करे लागल बा । ई सवारी के मूल्याकंन ३१ लाख ९७ हजार ४२५ कायम कईल बा । समय मे लिलाम कईला पर भी करिब २ करोड उपर के राजस्व आवेके भन्सार के कर्मचारीलोग बतावेलन ।

भन्सार कार्यालय के निमित्त प्रमुख शिवहरि निरौला २०६८ के सबारीसाधन लिलाम होखे ना सकल ओतने हि कवाड बनल बतवनी । ‘समय मे लिलाम बिक्रि भईल होखी त बहुते राजस्व उठल,’ कहत उ, ‘बहुते समय डुबान मे परला के बाद स्क्राब मे जाएके भईल ।’

अधिकांश सवारीसाधन के पार्टपुर्जा खिया लागके काम ना लागेके भईल बाडन । गौर भन्सार सब से डुबान होखेवाला क्षेत्र मे परी । पानी गाडी के ईन्जिन, चेचिस सहित सभी डुबत आईल बा । भन्सार मे दाखिला भईल सवारीसाधनसब के लिलाम प्रक्रिया अगाडि उत्पादन बरीस पत्ता लगावे खातिर सम्बन्धित एजेन्सी के लिखके पठावेके पडि । उहाँ से खुलके अईला के बाद भन्सार विभाग के प्राविधिक इन्जिनियर के टोली मूल्याकंन करी ।

कवाड मे जाएके बा त ओकरा के कम आ चलेके अवस्था के भईला पर बेसी मूल्याकंन कईल जाला । ओकरा बाद राष्ट्रिय दैनिक पत्रिका मे २१ दिने सूचना निकालके लिलाम करेके प्रावधान बा । एक दशक से भन्सार प्रक्रिया हि ना करके चुप रहला के बाद बहुते जईसन सवारी कवाड बनल बा । सुरक्षाकर्मी भारत आ नेपाल से चोरी, तस्कर के प्रयोग भईल मोटरसाइकल आ चारपांग्रे सवारी बरामद करके भन्सार मे दाखिला करत आईल बा । अईसन सवारी लिलाम ना भईला पर कैयन पाटपुर्जा चोरी भईल बा । सुरक्षाकर्मी चालु अवस्था मे बुझावल सवारी अभी काम लागेके स्थिति मे पुगल मिलल बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।