वीउवासंघ आ राष्ट्रिय मुक्ति क्रान्ति के नेतालोग बीच छलफल

वीउवासंघ आ राष्ट्रिय मुक्ति क्रान्ति के नेतालोग बीच छलफल

वीरगंज १७ जेठ

वीरगंज उद्योग वाणिज्य संघ के पदाधिकारी आ राष्ट्रिय मुक्ति क्रान्ति के नेतालोग बिच बियफे के दिने छलफल भईल बा ।
आपन पार्टी से अगाडि बढावल बहुल राष्ट्रिय राज्य, स्वदेशवाद, सामुदायिक समाजवाद के विषय मे उद्योग वाणिज्य संघ के पदाधिकारीलोग के नेतालोग जानकारी करवले रहलन ।
उलोग राष्ट्रिय मुक्ति क्रान्ति पार्टी तराई, पहाड, हिमाल करके सभी नेपाली के हकहित मे जुटल आ ई अभियान मे वीरगंज उद्योग वाणिज्य संघ के साथ आ सहजोग खातिर निहोरा कईले रहलन ।
कार्जक्रम मे पार्टी के नेतालोग रामनरेश यादव, राजीव झा, निजामुद्दीन समानी, राजेश यादव, अनिल वर्मा, अनिरुद्धप्रसाद कलवार, वीउवासंघ के अध्यक्ष अनिल अग्रवाल, उपाध्यक्ष माधव राजपाल, महासचिव आशिष लाठ, कोषाध्यक्ष शिवजीप्रसाद कलवार लगायत के सहभागिता रहल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Check Also

Close
Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।