गिटी बालुवा निकासी के माग करत व्यवसायीद्वारा नगरपालिका कार्यालय घेराव

गिटी बालुवा निकासी के माग करत व्यवसायीद्वारा नगरपालिका कार्यालय घेराव

धनुषा ४ चईत

मिथिला नगरपालिका क्रसर उद्योग उपर निगरानी बढईला के बाद गिटी बालु उत्खनन् करेवाला ट्याक्टर व्यवसायीलोग आन्दोलित भईल बाडन । उलोग गिटी बालु निकासी के माग करत एतवार के दिने नगरपालिका के कार्यालय घेराव कईले बाडन ।

ठेक्का हि ना लगावल खोला मे निर्वाध रुप मे अनियन्त्रित उत्खनन् भईला के बाद नगरपालिका क्रसर उद्योगसब बन्द करावत उत्खनन् मे पूर्ण रोक लगवले रहे । उहे चलते गिटी बालु उत्खनन् करेवाला ट्याक्टर व्यवसायी आ मजदुरलोग आक्रोशित बनल बाडन ।

नगरपालिका अनेकन बहाना मे खोला मे तनाव देहला के बाद औरही खोला मे उत्खनन् करेमे हमनीसब बाध्य होके नगरपालिका घेराव करेके परल आन्दोलन मे सहभागी ट्याक्टर व्यवसायीलोग बतवले बाडन । आन्दोलन मे उतरल उत्खनन् व्यवसायीलोग से नगरपालिका छलफल कईले बा । उलोग नगरप्रमुख महेन्द्र महतो के उपस्थिति मे वार्ता भईल बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।