राजनीतिक नियुक्ति के चलते संवैधानिक निकाय कउनो काम करे ना सकल : डा. सीके राउत
राजनीतिक नियुक्ति के चलते संवैधानिक निकाय कउनो काम करे ना सकल : डा. सीके राउत

वीरगंज ०४ चईत
जनमत पार्टी के केन्द्रिय अध्यक्ष डा. चन्द्रकान्त (सीके) राउत भ्रष्टाचार नियन्त्रण मे सरकार ठोस कारवाही करे ना सकल बतवले बाडन । वीरगंज मे शनिचर से सुरु होके एतवार के दिने ओराईल जनमत पार्टी के केन्द्रीय कार्यसमिति के बईठक के निर्णय सार्वजनिक करत अध्यक्ष राउत देश मे बडका बडका भ्रष्टाचार के काण्ड सार्वजनिक भईला पर भी ठोस कारबाही होखे ना सकल बतवनी ।
भ्रष्टाचार मे अख्तियार बडका मछरी के पकडे ना सकल बतावत उ अख्तियार आ निर्वाचन आयोग के प्रमुख, सर्वोच्च अदालत के प्रधानन्यायाधीश सँगे प्रधानमन्त्री भी जनता से प्रत्यक्ष निर्वाचित होखेके व्यवस्था करेके माग कईनी । राजनीतिक नियुक्ति के चलते संवैधानिक निकाय कउनो काम करे ना सकल डा. राउत आरोप लगवनी ।
समाजवाद के स्थापना के खातिर पुँजीवादी क्रान्ति के जरुरत रहल बतावत उ सामाजिक लोकतन्त्र के व्यवस्था करेके बात मे जोड देहनी । शिक्षा, स्वास्थ्य जईसन आधारभूत जरुरत निशुल्क करे सकला पर मात्र देश के विकास होखेके उनकर बिचार बा । सिद्धान्त विपरीत के दलसब बीच के गठबन्धन से देश मे अस्थिरता उब्जावल बतावत उ स्वार्थ के खातिर गठबन्धन करेवाला परिपाटी के अन्त्य होखेके बात मे जोड देहनी ।
सरकार मे जाएवाला अवस्था अभी हि ना भईल कहत राउत आपन पार्टी के माग के सम्बोधन ना होखे तक सरकार मे ना जाएके अडान जनमत के कायमे रहल बतवनी । जनता के खातिर काम करेवाला वातावरण भईला पर मत्र आपन दल सरकार मे जाएके उ बतवनी । जनमत पार्टी मधेस प्रदेश के मुख्यमन्त्री मिलला के बाद मात्र काम करेवाला वातावरण बनेके उनकर तर्क बा ।
पत्रकार सम्मेलन मे जनमत पार्टी के केन्द्रीय सचिव बीपी साह, जनमत पार्टी के प्रवक्ता शरदसिंह यादव, जनमत पार्टी पर्सा के अध्यक्ष ओमप्रकाश सर्राफ लगायत पार्टी के केन्द्रीय सदस्य, पदाधिकारी एवं नेता कार्यकर्ता के उपस्थिति रहे ।






