विश्वास नइखे होत, तीन गो भाई मिल के एक भाई के घर ना घाट के बनवलें

वीरगंज १७ माघ,
आपन तीन गो भाई से पीडित वीरगंज महानगरपालिका वार्ड नं. १० आदर्शनगर निवासी सुनिल खण्डेलवाल आउर पीडित बनल बाडन ।
भईयालोग पशुपति खण्डेलवाल, राजेश खण्डेलवाल तथा सचिन खण्डेलवाल से पीडित सुनिल भाईलोग के पीडा सहे ना सकेके अवस्था मे पुगल बाडन । जिल्ला अदालत पर्सा मे अँश मुद्दा विचाराधीन रहल अवस्था मे तिनु भाई से मानसिक तथा शारिरिक यातना सहत आईल सुनिल अभी भाईलोग के आतँक से आउर पीडित बनल बाडन ।
तिनु जने भाई मिल के बितल १ बरीस से शारिरिक तथा मानसिक यातना देत आईल बाडन । तिनु भाई मिल के सुनिल के पिटपाट कईला के साथे घर मे ताला मार के सुनील के परीवार सहित घर बाहर रहेमे बाध्य बनावल, घर के बीच भाग मे देवाल खडा कईल, सिपटी मे ताला मारके पिटपाट कईल, किचन मे घुसे ना देवेवाला किसिम से भौतिक अवरोध करेके जइसन यातना देत आईल बाडन ।
तिनु भाई के समाज, प्रशासन के डर, शर्म कुछो ना रहल स्थानियबासीलोग बतवले बाडन । अब तीनु भाई मिल के दोसर नयाँ कांड बीरगंज–बिजूलि–कांड कईले बाडन । माकिर ई बेर के यातना सीमा पार कईले बा । माघ १५ गते बियफे के दिने सँझिया ५ बजे के समय मे नेपाल विद्युत प्राधिकरण के कर्मचारी के मिला के अभी सुनील रहत आईल घर के बिजूली के लाइन कटले बाडन ।
जान के वितल ८ महिना से आदर्शनगर स्थित घर के बिजुलि के बिल ना बुझावल आ तीनु भाई वितल १ महिना से बेसी समय से उ घर छोड के शालिमार होम्स मे फ्लेट लेके रहत आईल बाडन । आपन कब्जा करके राखल व्यापार के कार्यालय भी दोसर जगहा लेगईल बाडन ।
सुनील मात्र आपनं परिवार सँगे उ घर मे रहत आईल बाडन । जउना के चलते सुनिल के घर मे विजुली तथा पानी ना अईला से अन्हार मे रहेमे बाध्य भईल बाडन । सुनील के भाईलोग सभी सम्पत्ति तथा ओकर सभी आयस्ता आपन कब्जा मे रखले बाडन ।
पईसा के आड मे तीनु भाई सुनिल के बेर बेर अलपत्र अवस्था मे राखत आईल बाडन । तीनु भाई के अभी प्रशासन सँगे के पहुँच के चलते बाँचेमे सफल होत आईल बाडन । एकरा उपर सम्बन्धित निकाय के ध्यान पुगो आ सुनिल के न्याय मिलो कहके स्थानियबासी के भी माग रहल जनावल गईल बा ।






